[the_ad_group id="30365"]

छपरा में आज 3:30 घंटा के पावर कट: नगरपालिका चौक फीडर में सबेरे 10 से 1:30 बजे तक लाइट कटल रही, पहिले निपटा लीं काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में बियफे के पावर कट कइल जाये के बा। पावर कट 3:30 घंटे के होई। आज सबेरे 10 बजे से 01 :30 बजे तक लाइट ना रही। छपरा शहरी क्षेत्र में डबल डेकर निर्माण करे वाली कंपनी द्वारा म्यूनिसिपल चौक के लगे विद्युत संरचना में बदलाव खातिर वायर शिफ्टिंग के काम कइल जाई।

एकरा कारण सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 1:30 बजे तक 11केवी नगरपालिका फीडर के विद्युत आपूर्ति बाधित रही। ई जानकारी कार्यपालक अभियंता धीरज सती देलस। पावर कट होखे से नगरपालिका चौक के आसपास सब मोहल्ला के बिजली 3 घंटा तक गायब रही। बिजली विभाग द्वारा एकरा पहिले बिजली संबंधित कार्य निपटा लेवे के सूचना दिहल गइल बा।

छपरा शहरी क्षेत्र में भारत के सबसे बड़ डबल डेकर पुल निर्माण के काम चल रहल बा। नगरपालिका चौक से सलेमपुर मौना चौक तक पिलर ढाले के काम कइल जाये के बा। एह रुट पs पड़े वाला बिजली के सब तरे के पोल आ तार के अलग जगह में शिफ्ट कइल जा रहल बा। ताकि पुल निर्माण में दुर्घटना सहित परेसानी ना हो सके। एकरा चलते पुल निर्माण के रस्ता में आवे वाला हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन के तार के पोल सहित ऑप्शनल मार्ग पs शिफ्ट कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]