[the_ad_group id="30365"]

SRO: चंद्रयान-3 के लॉन्चिंग से पहिले तिरुपति वेंकटचलपति मंदिर पहुंचलें वैज्ञानिक, मिशन के सफलता खातिर कइलें पूजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संस्था (इसरो) के वैज्ञानिक सफल लॉन्च के प्रार्थना खातिर चंद्रयान-3 के छोट मॉडल के लेके तिरुपति वेंकटचलपति मंदिर पहुंचलें। पूजा-अर्चना के बाद वैज्ञानिकन कहलें कि चंद्रयान-3 लॉन्च कइल जाई।

आंध्र प्रदेश के तिरुपति वेंकटचलपति मंदिर में इसरो वैज्ञानिकन  पूजा-अर्चना के बाद में ऊ छोट मॉडल के देखावत कहलें कि ई चंद्रयान-3 ह। एह के काल्ह लॉन्च कइल जाई। बता दीही कि, इसरो  हाल ही में घोषणा भइल रहे कि इसरो चंद्र यान के तीसरा मिशन के आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा स्थित सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र से 14 जुलाई के दुपहरीया बाद 2:35 बजे लॉन्च करीहे।

एह से पहिले मंगर के इसरो चंद्रयान-3 के सफलतापूर्वक चंद्रमा पs उतारे के पूर्वाभ्यास कइल गइल रहे। इसरो के ओर से एगो ट्वीट में बतावल गइल रहे कि लॉन्च के पूरा तइयारी अउर प्रक्रिया के डमी रूप में 24 घंटा  के पूर्वाभ्यास सफलतापूर्वक संपन्न भइल। भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) बहुप्रतीक्षित मिशन चंद्रयान-3 के लॉन्चिंग 14 जुलाई के करी। चंद्रयान-3 के फोकस चंद्रमा के सतह पs सुरक्षित लैंड करे पs बा। एह से पहिले इसरो दु मिशन- चंद्रयान -1 अउर चंद्रयान-2 के लांच किइले रहे, बाकी ई दुनु सतह पs लैंड ना हो सकल रहे।
चंद्रयान-3 बा क्या?
इसरो के अधिकारियन के मुताबिक, चंद्रयान-3 मिशन चंद्रयान-2 के ही अगला चरण बा, जे चंद्रमा के सतह पs उतरी अउर परीक्षण करी। एह में एक प्रणोदन मॉड्यूल, एगो लैंडर अउर एगो रोवर होई। चंद्रयान-3 के फोकस चंद्रमा के सतह पs सुरक्षित लैंड करे पs बा। मिशन के सफलता खातिर नया उपकरण बनावल गइल बा। एल्गोरिदम के बेहतर कइल गइल बा। जउन वजह से चंद्रयान-2 मिशन चंद्रमा के सतह ना उतर पाइल रहे ,

मिशन 14 जुलाई के दुपहरीया 2:35 बजे श्रीहरिकोटा केन्द्र से उड़ान भरी अउर अगर सब कुछ योजना के अनुसार भइल त 23 आ 24 अगस्त के चंद्रमा पs उतरी। एह से पहिले बुधवार के श्रीहरिकोटा के सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र में चंद्रयान-3 युक्त एनकैप्सुलेटेड असेंबली के एलवीएम 3 के साथे जोड़ल गइल। एह मिशन भारत के अमेरिका, रूस अउर चीन के बाद चंद्रमा पs सॉफ्ट लैंडिंग करे वाला दुनिया भर में चउथा देश बना दी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]