[the_ad_group id="30365"]

UP News: मुख्यमंत्री योगी बोललें, यूपी में वन डिस्ट्रिक्ट वन मेडिकल कॉलेज के संकल्पना के करत रही साकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि मऊ आ शामली में मेडिकल कॉलेज खोले खातिर एमओयू हो गइल बा। प्रदेश के हर जिला में मेडिकल कॉलेज खोले पs काम कइल जाता।

ऊ कहलें कि हमनी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के वन डिस्ट्रिक्ट वन मेडिकल कॉलेज के संकल्पना के साकार करे के ओर बढ़त बानी सs। इहे ना खाली मेडिकल शिक्षा बलुक स्वास्थ सुविधा गुणवत्तापूर्ण करे में महत्वपूर्ण भूमिका निभइहें। ऊ मिशन निरामया के तहत क्यूसीआई के ओर से नर्सिंग आ पैरामेडिकल संस्थान के रेटिंग आ मऊ आउर शामली में निजी मेडिकल कॉलेजों के स्थापना खातिर अनुबंध कार्यक्रम के संबोधित करत रहस।

मुख्यमंत्री कहलें कि मऊ आ शामली में मेडिकल कॉलेज एगो सपना रहे, जवन अब साकार हो रहल बा। ई ऊ जिला हs, जहां पहिले लोग जाये से डेरात रहे। मऊ माफिया खातिर जानल जात रहे, शामली के इहे हाल रहे। अब इहां क्वालिटी स्वास्थ आ शिक्षा के संगे क्वालिटी इलाज मिली।

ऊ कहलें कि मिशन निरामया जवन पिछला साल सुरू कइल गइल रहे। आज देस के ब्रांड बनल बा। नर्सिंग अउर पैरामेडिकल बैक बोन होखत बा। मेडिकल शिक्षा के चरचा तs कइल गइल बाकिर नर्सिंग आ पैरामेडिकल के भूला गइल। कइयन जगह पs कॉलेज बिना इंफ्रास्ट्रक्चर, फैकेल्टी के काम करत रहे। हमनी के एकरा के बेहतर करे के काम कइल गइल बा।

मुख्यमंत्री कहलें कि कवनो चिकित्सा संस्थान जदि मानक पूरा करत बा तs ओकरा के संबद्धता आ सुविधा दिहल जाई बाकिर जदि ऊ मानक, इंफ्रास्ट्रक्चर, फैकेल्टी, लैब, लाइब्रेरी के सुविधा नइखे पूरा करत तs अइसन संस्थान के बाहर कs दिहल जाई। हम प्रदेश के कवनो जुवा के संगे खिलवाड़ ना होखे देम। मेडिकल के क्षेत्र में उत्तर प्रदेश देस के अग्रणी संस्थान दीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]