[the_ad_group id="30365"]

ले. जनरल आसिम मुनीर होइहें पाकिस्तान के नयका आर्मी चीफ, शहबाज सरकार के बड़ फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान में लंबे समय से चल रहल नयका आर्मी चीफ के जोहान अब खतम हो गइल बा। इहाँ के शहबाज शरीफ सरकार ले. जनरल आसिम मुनीर के पाकिस्तान के नयका आर्मी चीफ के रूप में नियुक्त कइले बानें। मुनीर जनरल कमर जावेद वाजवा के जगह लीहें। एकरे अलावा लेफ्टिनेंट जनरल साहिर शमशाद मिर्जा के ज्वाइंट चीफ्स ऑफ स्टाफ नियुक्त कइल गइल रहल। पाकिस्तान के सूचना अउर प्रसारण मंत्री मरियम औरंगजेब एकर जानकारी दिहले बानें। ई नयका सेना प्रमुख के नियुक्ति के प्रक्रिया के सोमार के ओ समय शुरू हुई। जब पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ संभावित उम्मीदवारन खातिर देश के रक्षा मंत्रालय के एगो चिट्ठी लिखले रहनें।

के ह लेफ्टिनेंट जनरल मुनीर

लेफ्टिनेंट जनरल मुनीर के पाकिस्तान में एगो उत्कृष्ट अधिकारी मानल जाला। लेफ्टिनेंट जनरल मुनीर मंगला में ऑफिसर्स ट्रेनिंग स्कूल कार्यक्रम के माध्यम से सैन्य सेवा में प्रवेश कइलें अउर उनके फ्रंटियर फोर्स रेजिमेंट में नियुक्त कइल गइल। ऊ जनरल बाजवा के तब से करीबी सहयोगी रहल बा। जब से ऊ निवर्तमान सेना प्रमुख, जौन ओ समय कमांडर एक्स कोर रहनें, के तहत एगो ब्रिगेडियर के रूप में फोर्स कमांड उत्तरी क्षेत्र में सैनिकन के कमान सम्हरले रहनें। लेफ्टिनेंट जनरल मुनीर के बाद में 2017 के शुरुआत में सैन्य खुफिया महानिदेशक नियुक्त कइल गइल रहे, अउर अगिले साल अक्तूबर में इंटर-सर्विसेज इंटेलिजेंस प्रमुख बनावल गइल रहे।

हालांकि, शीर्ष खुफिया अधिकारी के रूप में उनकर कार्यकाल अब ले के सबसे छोट कार्यकाल रहल, काहेसेकि उनके तत्कालीन पीएम इमरान खान के आग्रह पर आठ महीना के भीतर बदल दिहल गइल रहल। क्वार्टर मास्टर जनरल के रूप में सामान्य मुख्यालय में स्थानांतरित होखले से पहिले, उनके गुजरांवाला कोर कमांडर के रूप में तैनात कइल गइल बा, जौने पद पर ऊ दू साल ले काम कइले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]