Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

29 नवम्बर ले बदलत रही 43 ट्रेन के प्लेटफॉर्म, झांसी लखनऊ स्पेशल 30 नवंबर ले निरस्त

192

रेलवे प्रशासन चारबाग रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर दू के वाशेबुल एप्रेन के मरम्मत के काम बियफे से शुरू करी। एकरे चलते 43 ट्रेन के प्लेटफार्म के आजु से 29 नवंबर तक बदलल जाई। उहवें गोरखधाम सहित चार ट्रेनन के चारबाग के जगह ऐशबाग हो के चलावल जाई। एकात्मता एक्सप्रेस परिवर्तित प्लेटफार्म नंबर एक से रात 12:15 बजे रवाना होई।

गोरखधाम सुपरफास्ट एक्सप्रेस 23 से 29 नवंबर ले बाराबंकी-मल्हौर-ऐशबाग हो के नई दिल्ली के ओर रवाना होई। एही तरह वापसी में गोरखधाम एक्सप्रेस 23 से 29 नवंबर ले चारबाग स्टेशन न आ के ऐशबाग से बाराबंकी होत रवाना हो जाई। पोरबंदर मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस आलमनगर से ऐशबाग हो के बाराबंकी के ओर जाई। ग्वालियर बरौनी एक्सप्रेस 23 से 29 नवंबर ले ऐशबाग-बाराबंकी हो के चली।

प्लेटफार्म एक से चली ई ट्रेन

साबरमती एक्सप्रेस, जलियावाला बाग एक्सप्रेस, दिल्ली-अयोध्या कैंट एक्सप्रेस, बाघ एक्सप्रेस, बांद्रा-गोरखपुर अंत्योदय एक्सप्रेस, उदयपुर सिटी-पाटलिपुत्र हमसफर एक्सप्रेस, सूरत मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस, एलटीटी सुलतानपुर सुपरफास्ट, पनवेल गोरखपुर एक्सप्रेस, एलटीटी गोरखपुर एक्सप्रेस, जम्मूतवी-कोलकाता एक्सप्रेस, नई दिल्ली-डिब्रूगढ़ राजधानी एक्सप्रेस।

तीन नंबर प्लेटफार्म से चली ई ट्रेन

लोकनायक एक्सप्रेस, लालकुआं-हावड़ा एक्सप्रेस, योगनगरी ऋषिकेश-प्रयागराज संगम एक्सप्रेस, सदभावना एक्सप्रेस, पदमावत एक्सप्रेस, इंदाैर पटना एक्सप्रेस, भोपाल प्रतापगढ़ एक्सप्रेस, डा. अंबेडकरनगर-कामाख्या एक्सप्रेस, इंदौर पटना एक्सप्रेस, कोटा पटना एक्सप्रेस, भगत की कोठी-कामाख्या एक्सप्रेस, अमृतसर सहरसा गरीब रथ एक्सप्रेस, नई दिल्ली न्यू जलपाईगुड़ी सुपरफास्ट, उदयपुर न्यू जलपाईगुड़ी सुपरफास्ट, अहमदाबाद-वाराणसी साप्ताहिक एक्सप्रेस, बीकानेर हावड़ा एक्सप्रेस, भागलपुर-गांधीधाम एक्सप्रेस।

बदली एह ट्रेनन के भी प्लेटफार्म

देहरादून-वाराणसी जनता एक्सप्रेस प्लेटफार्म छह, गंगा गोमती एक्सप्रेस प्लेटफार्म आठ, अहमदाबाद-लखनऊ एक्सप्रेस प्लेटफार्म चार, एलटीटी-लखनऊ एसी एक्सप्रेस प्लेटफार्म छह, लखनऊ यशवंतपुर एक्सप्रेस प्लेटफार्म सात, लखनऊ चंडीगढ़ एक्सप्रेस प्लेटफार्म पांच, प्रतापगढ़-भोपाल एक्सप्रेस और प्रयाग-मेरठ नौचंदी एक्सप्रेस प्लेटफार्म चार, आनंद विहार मुजफ्फरपुर सप्तक्रांति एक्सप्रेस प्लेटफार्म पांच से संचालित होई।

झांसी लखनऊ स्पेशल 30 नवंबर ले निरस्त

रेलवे प्रशासन झांसी से कानपुर रेलवे स्टेशन के बीच ऊसरगांव, कालपी, चौरान्ह स्टेशन के बीच नॉन इंटरलॉकिंग के काम के चलते झांसी लखनऊ एक्सप्रेस स्पेशल अउर झांसी लखनऊ जंक्शन इंटरसिटी 30 नवम्बर ले निरस्त कs दिहल गइल बा। एकरे सथही दर्जनभर ट्रेनन के बदले रूट से चलावल जाई।

उत्तर रेलवे के मुख्य जनसम्पर्क अधिकारी दीपक कुमार बतवलें कि 24 से 30 नवम्बर ले नॉन इंटरलॉकिंग काम करावल जाई। एही बीच 01823/24 झांसी- लखनऊ-झांसी स्पेशल 30 नवंबर ले निरस्त रही। 11109/10 झांसी लखनऊ जंक्शन इंटरसिटी 30 नवम्बर के निरस्त रही। एकरे अलावा 11123 ग्वालियर बरौनी एक्सप्रेस 23 से 30 नवम्बर ले बदलल रूट ग्वालियर, उड़ीमोर, इटावा, कानपुर के रास्ते चलाई जाई। 11124 बरौनी ग्वालियर एक्सप्रेस 30 नवम्बर के एही रास्ता से चलावल जाई। जबकि 12143 एलटीटी सुलतानपुर एक्सप्रेस 27 के झांसी, आगरा कैंट, कानपुर के रास्ते, 16093 चेन्नई लखनऊ मास एक्सप्रेस 30 के एही रूट से चलाई जाई। 15066 पनवेल गोरखपुर एक्सप्रेस 30 नवम्बर के झांसी, ग्वालियर, ग्वालियर के रास्ते चली। 15067 गोरखपुर पनवेल भी 27 अउर 29 के अउर 12173 एलटीटी प्रतापगढ़ एक्सप्रेस एही रास्ता से चलावल जाई। 12107 एलटीटी सीतापुर एक्सप्रेस 23, 26 अउर 28 के झांसी, इटावा, कानपुर अउर 12511 गोरखपुर कोचुवेली एक्सप्रेस 24, 25, 27 के कानपुर, आगरा कैंट, झांसी के रास्ते चलावल जाई जबकि 12589 गोरखपुर सिकंदराबाद एक्सप्रेस 28 अउर 30 के, 12591 गोरखपुर यशवंतपुर एक्सप्रेस 26 के अउर 22533 गोरखपुर यशवंतपुर एक्सप्रेस 28 के कानपुर, आगरा, झांसी के रास्ते संचालित होई।

कंचौसी स्टेशन पर एक मिनट रुकी फरक्का एक्सप्रेस

रेल प्रशासन यात्रियन के मांग के देखत मालदा टाउन से दिल्ली के बीच चले वाली फरक्का एक्सप्रेस के ठहराव छह महीना खातिर कंचौसी स्टेशन पर एक मिनट ख़ातिर बुध से कs दिहले बा। उत्तर रेलवे के वरिष्ठ मण्डल वाणिज्य प्रबन्धक रेखा शर्मा बतवली कि मालदा टाउन से दिल्ली खातिर प्रस्थान करे वाली ट्रेन नम्बर-13483/13413 फरक्का एक्सप्रेस 23 नवम्बर से कंचौसी स्टेशन रात 10.19 बजे पहुंच के एक मिनट ठहराव के बाद 10.20 बजे रवाना होई। वापसी में दिल्ली से मालदा टाउन के ओर जाए वाली ट्रेन नम्बर-13484/13414 फरक्का एक्सप्रेस भोरे 3.54 बजे पहुंच के 3.55 बजे रवाना होई।

उहवें मानकनगर में रेल फ्रैक्चर होखले से छपरा फर्रुखाबाद एक्सप्रेस के संचालन बाधित हो गइल। ट्रेन के रास्ता में रोके के पड़ल। रेलवे अधिकारी सब बतवलें कि ब्लॉक हट से मानकनगर के बीच रेल फ्रैक्चर हो गइल। एह दौरान गाड़ी संख्या 15083 छपरा फर्रुखाबाद एक्सप्रेस को रूट से गुजरे के रहल, लेकिन रेल फ्रैक्चर होखले के वजह से ट्रेन के ऐशबाग स्टेशन पs रोक दिहल गइल।

390250cookie-check29 नवम्बर ले बदलत रही 43 ट्रेन के प्लेटफॉर्म, झांसी लखनऊ स्पेशल 30 नवंबर ले निरस्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.