[the_ad_group id="30365"]

चीन में एक दिन में रिकॉर्ड भइल 31 हजार से बेसी केस, झड़प के बाद जेंगझू में लॉकडाउन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में फिर एक बेर कोरोना मामिला में तेज बढ़ोतरी नजर आइल बा। बुध के दैनिक कोविड केस 31,454 के रिकॉर्ड स्तर पर पहुंच गइल। ई महामारी के शुरुआत के बाद के उच्च स्तर ह। एही बीच, एपल प्लांट में श्रमिकन अउर सुरक्षा कर्मियन के बीच झड़प के बाद जेंगझू में लॉकडाउन लगा दिहल गइल बा।
चीन के राष्ट्रीय स्वास्थ्य ब्यूरो के आंकड़े चौंका दिहले बा  एक दिन में एतना ज्यादा मामिला सोझे अइले के बाद चीन सरकार लॉकडाउन, यात्रा पाबंदी लगवले के अलावा परीक्षण अउर टीकाकरण भी तेज कs रहल बा। ताकि कोरोना के अउर फैलले से रोकल जा सकल।

बीजिंग में लॉकडाउन, कड़ प्रतिबंध

राजधानी बीजिंग में कोरोना लॉकडाउन के तहत कड़ प्रतिबंध लगावल गइल बा। पार्क, कार्यालय भवन अउर शॉपिंग मॉल को बंद कर दिहल गइल बा। बीजिंग के सबसे अधिक आबादी वाले चाओयांग जिला में करीब पूर्ण लॉकडाउन लगावल गइल बा।। स्वास्थ्य अधिकारियन के चाओयांग जिला के लगभग 35 लाख निवासियन से आग्रह कइले बानें कि वे राजधानी बीजिंग कोरोना से सबसे बेसी प्रभावित क्षेत्र बन गइल बा। एहलिए ज्यादातर समय घर पर ही रहें।

कुछ प्रांत में तीन साल के सबसे गंभीर स्थिति

चीन के कुछ क्षेत्र में महामारी के प्रसार तेजी से हो रहल बा अउर रोकथाम अउर नियंत्रण में कठिनाई बढ़ रहल बा। कुछ प्रांत तीन साल में सबसे गंभीर अउर जटिल स्थिति के सामना कर रहल बानें। ऊ कहनें कि नयका संक्रमित के संख्या पूरे चीन में लगातार बढ़ रहल बा। एक नवंबर के बाद से देश भर में कुल 2,80,000 से ज्यादा संक्रमित मिलले के सूचना बा। पिछला सप्ताह औसतन 22,200 मामिला रोज मिलल।

49 शहरन में विभिन्न स्तर के लॉकडाउन, 41 करोड़ लोग प्रभावित

ब्रोकरेज फर्म नोमुरा नोमुरा चाइना कोविड लॉकडाउन इंडेक्स (सीएलआई) के आधार पर एगो रिपोर्ट में कहनें कि चीन में कुल कोविड मामिला के संख्या में वृद्धि के साथ, पिछले एक हफ्ता में देश भर में लॉकडाउन से स्थिति बिगड़त जा रहल बा। सरकारी आंकड़न अउर सर्वेक्षण के अनुसार, 21 नवंबर ले 49 शहर में वर्तमान लॉकडाउन के कई स्तर लागू बा या कौनो प्रकार के जिला-आधारित नियंत्रण उपाय कइल गइल बा। हमार अनुमान बा कि वर्तमान में एह लॉकडाउन उपाय से 41.2 करोड़ लोग प्रभावित बानें। ई पिछले सप्ताह के 34 करोड़ से अधिका बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]