[the_ad_group id="30365"]

लालू प्रसाद के करीबी सुभाष यादव गिरफ्तार, ईडी के छापेमारी में दु करोड़ कैश आ कइयन गो कागजात मिलल 

सुभाष यादव के घरे ईडी के छापेमारी।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय जनता दल के सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के करीबी सुभाष यादव के ईडी के टीम गिरफ्तार कs लेले बिया। सनीचर के सबेरे से लेके रात तक सुभाष यादव के आठ ठिकानन पs छापेमारी चलत रहे। एकरा बाद करीब दु करोड़ कैश आ और जमीन से जुड़ल कइयन गो कागजात बरामद भइल रहे। जांच के बाद ईडी के टीम सुभाष यादव के गिरफ्तार कs लेलस। एकरा बाद कोर्ट में पेश कइल। ईडी के टीम के ओर से अब तक बयान जारी नइखे कइल गइल।

सुभाष यादव ब्रॉडसन कंस्ट्रक्शन प्राइवेट लिमिटेड के डायरेक्ट हवे। उनका पs बालू के अवैध कारोबार करे के आरोप बा। ओहिजा, एह गिरफ्तारी के बाद राजद खेमा में हड़कंप मचल बा। एकरा पहिले राजद एमएलसी विनोद जायसवाल के ठिकानन पs इनकम टैक्स के टीम छापेमारी कइले रहे। टीम पटना इस्थित आवास पs रेड कइले रहे।

बेऊर जेल शिफ्ट करे के चल रहल बा तइयारी

दरअसल, ईडी के टीम के सुभाष यादव के खिलाफ अवैध बालू कारोबार आ मनी लॉन्ड्रिंग के शिकायत मिलल रहे। जांच के बाद टीम पटना के दानापुर, तकिया इलाका समेत सुभाष यादव के आठ ठिकानन पs छापेमारी कइले रहे। छापेमारी के दौरान एतना भारी मात्रा में कैश देख ईडी के टीम दंग रह गइल रहे। टीम के कैश गिने खातिर मशीन मंगवावे के पड़ल रहे। एकरा बाद मध्य रात्रि के सुभाष यादव के गिरफ्तार कs लिहल गइल। ईडी टीम सुभाष यादव के बेऊर जेल भेजे के तइयारी कs रहल बिया।

राजद लोकसभा चुनाव के देले रहे टिकट

बालू कारोबार से जुड़ल सुभाष यादव के राजद 2019 में झारखंड के चतरा लोकसभा से टिकट देले रहे। हालांकि, ओह चुनाव में उनका हार के सामाना करे के पड़ल रहे। एने, चुनाव से एक साल पहिले माने 2018 में इनकम टैक्स दिल्ली, धनबाद या पटना सहित सुभाष यादव के कइयन ठिकानन पs छापेमारी कइले रहे।

साभार : अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]