Bihar News : पीएम मोदी बिहार के दिहें 4700 करोड़ के सौगात, एनडीए में सीट शेयरिंग के लेके मंथन जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2024

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज फेर से बिहार के 4700 करोड़ के विकास योजनन के सौगात दिहें। दिल्ली से ऊ वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से सड़क परियोजनन के शिलान्यास, सुभारंभ आ लोकार्पण करिहें। एकरा के लेके

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज फेर से बिहार के 4700 करोड़ के विकास योजनन के सौगात दिहें। दिल्ली से ऊ वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से सड़क परियोजनन के शिलान्यास, सुभारंभ आ लोकार्पण करिहें। एकरा के लेके पटना में सारा तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा।

एने, एनडीए में सीट शेयरिंग के लेके मंथन जारी बा। एनडीए के सहजोगी दल के चिराग पासवान, उपेंद्र कुशवाहा, मुकेश सहनी आ बिहार भाजपा के वरिष्ठ नेता दिल्ली पहुंच चुकल बा लो। सीएम नीतीश कुमार आज इंग्लैंड से दिल्ली आ रहल बाड़ें।

संभावना बा कि भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा एह सब नेता लोगन के संगे बैठक करिहें। बिहार विधान परिषद खातिर भाजपा के तीन, राजद के चार आ भाकपा माले के एगो उम्मीदवार आपन नामंकन पर्चा दाखिल करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.