[the_ad_group id="30365"]

लद्दाख-कारगिल काउंसिल चुनाव में नेशनल कॉन्फ्रेंस 12 सीट जीतलस: कांग्रेस के 10 सीट मिलल, बीजेपी आ निर्दलीय उम्मीदवारन के खाता में 2-2 सीट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कारगिल में भइल लद्दाख आटोनोमस हिल डेवलेपमेंट काउंसिल (LAHDC) चुनावन के नतीजा आ गइल बा। 26 सीटन पs भइल इलेक्शन में नेशनल कॉन्फ्रेंस के 12 सीटन पs जीत हासिल भइल। कांग्रेस 10 सीट जीतले बिया। नेशनल कांफ्रेंस या कांग्रेस संगे मिलके चुनाव लड़लस। ई गठबंधन 22 सीट जीतले बा।

ओने, भाजपा 2 सीटें जीतलस आ 2 सीटे निर्दलीय उम्मीदवारन के खाता में गइल बा। 30 सदस्यीय काउंसिल के 26 सीटन पs 4 अक्टूबर के चुनाव भइल रहे।

आर्टिकल 370 के निरस्त होखला के बाद अगस्त 2019 में जम्मू-कश्मीर से अलग होके केंद्र शासित प्रदेश बनला के बाद लद्दाख के कारगिल में पहिला स्थानीय चुनाव हs। नया परिषद 11 अक्टूबर से पहिले गठित होखे वाला बा।

4 अक्टूबर के भइल वोटिंग में 77.62 प्रतिशत मतदान भइल

25 निर्दलीय उम्मीदवारन सहित कुल 85 उम्मीदवार मैदान में बा लो। परिषद चुनावन में, नेशनल कॉन्फ्रेंस (NC) आ कांग्रेस चुनाव पूर्व गठबंधन बनवलस। हालाँकि, एनसी 17 उम्मीदवार उतरले रहे जबकि कांग्रेस 22 उम्मीदवार उतरले रहे। कारगिल डिवीजन नेशनल कांफ्रेंस के गढ़ रहल बा आ कांग्रेस विपक्ष के रूप में बनल बिया।

चुनाव पूर्व गठबंधन ओह क्षेत्रन तक सीमित बा जहां भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के संगे कड़ा प्रतिस्पर्धा रहे। अनुच्छेद 370 के खत्म करे आ पूर्व राज्य के केंद्र शासित प्रदेश में बदलला के बाद लद्दाख परिषद चुनावन के भाजपा खातिर लिटमस टेस्ट के रूप में देखल जा रहल बा।

कारगिल डिवीजन में कुल 95,388 मतदाता

नेशनल कॉन्फ्रेंस के फिरोज अहमद खान के अध्यक्षता वाली लद्दाख के मौजूदा परिषद 1 अक्टूबर के आपन पांच साल के कार्यकाल पूरा कइलस। कारगिल डिवीजन में 46,762 महिला मतदाता के संगे 95,388 मतदाता बा लो। वोटिंग के दिन हर मतदान केंद्रन पs लमहर-लमहर कतार देखे के मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]