Assembly Elections २०२३: आजु होइ ५ राज्यन के चुनाव के तारीख के ऐलान, ECI बोलवलस १२ बजे प्रेस कांफ्रेंस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2023

  एह साल का आखिर ले देश के पाँच गो राज्यन – राजस्थान, छत्तीसगढ़, मिजोरम, मध्य प्रदेश आ तेलंगाना में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। एकरा बारे में चुनाव आयोग आजु दुपहरिया बारह बजे एगो

Share

 

एह साल का आखिर ले देश के पाँच गो राज्यन – राजस्थान, छत्तीसगढ़, मिजोरम, मध्य प्रदेश आ तेलंगाना में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। एकरा बारे में चुनाव आयोग आजु दुपहरिया बारह बजे एगो प्रेस कांफ्रेंस बोलवले बा जवना में चुनाव के तारीख के एलान कइल जाई। एहसे पहिले बियफे के दिने चुनाव आयोग के मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार के अध्यक्षता में पर्यवेक्षकन के साथे बइठक भइल जवना में चुनाव आयुक्त कहलन कि – हमनी के तय करे के बा कि विधानसभा चुनाव पाँच गो राज्यन में आ एह चुनावन में होखे वाला बा हमनी के ध्यान देवे के होई, इ सुनिश्चित करे के बा कि केहु मनी पावर अवुरी मसल पावर से मतदाता के प्रभावित ना कs सके। उ पर्यवेक्षक के निर्देश देले रहले कि हमनी के विशेष ध्यान राखे के होई कि चुनाव में मॉडल कोड के प्रभावी ढंग से लागू कईल जाए अवुरी चुनाव पूरा तरीका से हिंसा मुक्त होखे।

चुनाव आयोग के प्रेस कांफ्रेंस में आजु उम्मीदवारन के नामांकन दाखिल करे, मतदान के तारीख आ गिनती के तारीख के एलान समेत चुनाव प्रक्रिया के विभिन्न चरणन के तारीख के पूरा विवरण दिहल जाई। बता दीं कि तेलंगाना, राजस्थान, छत्तीसगढ़ आ मध्य प्रदेश के विधान सभा के कार्यकाल जनवरी 2024 में अलग-अलग तारीख पs खतम होखे वाला बा, जबकि मिजोरम विधानसभा के कार्यकाल ए साल 17 दिसंबर के खतम होखे वाला बा।

सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक राजस्थान, मध्य प्रदेश, मिजोरम अवुरी तेलंगाना में 2018 निहन एकही चरण में मतदान होखे के संभावना बा, अवुरी छत्तीसगढ़ में भी पछिला बेर निहन दु चरण में मतदान होखे के संभावना बा। इहो कहल जा रहल बा कि पांचों राज्य में मतदान के तारीख अलग-अलग हो सकता लेकिन मतगणना 10 से 15 दिसंबर के बीच एक संगे हो सकता।

एकरा संगे 2024 के लोकसभा चुनाव में भी अबे ले कुछ महीना बाकी बा। आवे वाला विधानसभा चुनाव के नतीजा से राज्य स्तर पs ना, राष्ट्रीय स्तर पs भी देश के राजनीतिक परिदृश्य तय होई। एह मुकाबला खातिर राजनीतिक दल सक्रिय रूप से तइयारी में लागल बाड़े, कई क्षेत्रन में राजनीतिक लड़ाई रोचक होखे के उमेद बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.