Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव: यूपी के हारल 14 सीटन पs बीजेपी उतार सकत बिया फिलिम स्टार, दिग्गज लोग दिख सकत बा मैदान में

भाजपा प्रदेश में सब 80 लोकसभा सीटन पs जीते के लक्ष्य रखल गइल रहे। पार्टी के नेता लो के मानल बा कि यदि लक्ष्य पूरा ना भइल, तबो साल 2019 से बड़ जीत हासिल करे के बा।

1,941

लोकसभा चुनाव में भाजपा विपक्ष के कब्जा वाली 14 सीटन सहित कुछ बड़ सीटन पs दिग्गज चेहरन के चुनाव लड़ावे के तइयारी कइले बा। मिशन 80 के लक्ष्य पूरा करे खातिर पार्टी फिल्मी सितारों से लेके प्रशासनिक हल्कन के हस्तियन तक  के चुनाव लड़ा सकत बिया।

भाजपा प्रदेश में सब 80 लोकसभा सीटन के जीते के लक्ष्य रखले बिया। पार्टी के नेता लोगन के मानल बा कि जदि लक्ष्य पूरा ना भइल तबो साल 2019 से बड़ जीत हासिल करे के बा। अइसन में एक-एक सीट पs प्रत्याशी चयन के लेके पार्टी मंथन में जुटल बिया। पार्टी के चुनावी सर्वे के रिपोर्ट के आधार पs करीब 20 से 30 फीसदी तक मौजूदा सांसदन के टिकट काटल जाई। अइसन में ओह लोगन के जगह योगी सरकार के कुछ मंत्रियन के चुनाव लड़ावे के तइयारी बा। एमे कैबिनेट मंत्री, राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार आ राज्यमंत्री सामिल बा लो। भाजपा के एगो उच्च पदस्थ सूत्र के कहनाम बा कि प्रदेश के राजनीति के कइयन गो बड़ चेहरा चुनाव मैदान में नजर आई।

खासतौर पs पार्टी विपक्ष के कब्जा वाला 14 सीटन पs जीते खातिर प्रत्याशी चयन पs मंथन कs रहल बिया। एह सीटन पs जीत खातिर बसपा के कुछ मवजूदा सांसद भा विधायकन के भाजपा में सामिल करावे के तइयारी बा। ओहिजा, अवध के कुछ सीटन पs अगड़ी आ पिछड़ी जाति के जातीय समीकरण के लिहाज से विपक्षी दलन के कुछ चेहरा भगवा टोली में सामिल कइल जाई।

ओहिजा, आगामी लोकसभा चुनाव में कुछ पूर्व आ मवजूदा नौकरशाहो भाजपा प्रत्याशी के रूप में चुनाव लड़ सकत बा। एगो नौकरशाह के पूर्वांचल में बसपा के कब्जा वाली एगो सीट से चुनाव लड़े के चरचा बा। एगो पूर्व नौकरशाह पंजाब के कवनो सीट स चुनाव लड़ सकत बा।

बड़ सीटन पs बड़ चेहरा 

मोदी सरकार के बड़े चेहरा राजनाथ सिंह, स्मृति ईरानी, पंकज चौधरी, अनुप्रिया पटेल, कौशल किशोर, संजीव बालियान, जनरल वीके सिंह, भानू प्रताप वर्मा सहित आउर लोगन के फेर मवका मिली। ओहिजा, भाजपा गोरखपुर, अयोध्या, मथुरा, प्रयागराज, कानपुर सहित आउर बड़ सीटन पs बड़ चेहरा उतरी लो। एमे फिलिम जगत के कुछ हस्ति हो सकत बा।

659100cookie-checkलोकसभा चुनाव: यूपी के हारल 14 सीटन पs बीजेपी उतार सकत बिया फिलिम स्टार, दिग्गज लोग दिख सकत बा मैदान में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.