[the_ad_group id="30365"]

Kolkata Hotel Fire : कोलकाता के होटल में आधा रात के भीषण आग से 9 लोगन के मौत

Kolkata Hotel Fire
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता में आधा रात के समय एगो होटल में भीषण आग लगला से 9 लोगन के मौत हो गइल। मृतकन में एगो लईका सामिल बतावल जा रहल बा। हादसा में करीब छव गो लोग घायल भइल बा, जेकर इलाज अस्पताल में चल रहल बा।

ई दर्दनाक हादसा कोलकाता के मिर्जा गालिब स्ट्रीट आ फ्री स्कूल स्ट्रीट इलाका में रात करीब 2 बजे भइल। होटल में लागल आग कुछे देर में आसपास के हिस्सा में फइल गइल, जवना के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

दमकल विभाग के मोताबिक, आग के चपेट में आके 9 लोगन के जान चल गइल। सुरुआती जानकारी के अनुसार, मृतकन में बांग्लादेश के नागरिक सामिल बा। ई लोग इलाज करावे खातिर कोलकाता आइल रहे। आग लगतही होटल में मवजूद लोग बाहर निकले के कोसिस करे लागल। तेज धुआं भरला के चलते कइयन गो लोग बेहोश हो गइल। राहत आ बचाव टीम मवका पs पहुंचके होटल में फंसल लोगन के बाहर निकललस।

AC में ब्लास्ट से आग लागे के शक

सुरुआती जांच में एयर कंडीशनर (AC) में ब्लास्ट के आग लागे के संभावित वजह मानल जा रहल बा। हालांकि, अधिकारी अभी आग के सही कारण के आधिकारिक रूप से पुष्टि नइखन कइले लो। दमकल विभाग आ संबंधित एजेंसी घटना के जांच में जुटल बाड़ी सs। विस्तृत जांच पूरा भइला के बाद आग लागे के असली वजह सामने आ सकेला।

घन आबादी वाला इलाका में भइल हादसा

हादसा शहर के व्यस्त इलाका में भइल। न्यू मार्केट के लगे मिर्जा गालिब स्ट्रीट आ फ्री स्कूल स्ट्रीट के आसपास बड़ संख्या में होटल आ बेवसायिक प्रतिष्ठान मवजूद बा। होटल में आग लगला के बाद चारो ओर धुआं फइल गइल। धुआं के चलते कइयन गो लोगन के सांस लेवे में परेसानी भइल। कुछ लोग बेहोश हो गइल, जेकरा के बचाव दल अस्पताल पहुंचवलस।

दमकल के कइयन गो गाड़ी पहुंचल

आग के सूचना मिलतही दमकल विभाग के कइयन गो गाड़ी मवका पs पहुंच गइली सs। आपदा प्रबंधन टीम घटनास्थल पs पहुंचके राहत आ बचाव अभियान सुरू कइलस।

दमकलकर्मी होटल के भीतर फंसल लोगन के बाहर निकाले में जुट गइल लो। बहुत मशक्कत के बाद आग पs काबू पा लिहल गइल। आग बुझला के बाद होटल के भीतर तलाशी अभियान चलावल गइल।

बीरभूम के होटल में आग से 8 लोगन के भइल रहे मौत

कोलकाता के एह घटना से मात्र दू दिन पहिले पश्चिम बंगाल के बीरभूम जिला के तारापीठ में होटल में भीषण आग लागल रहे। 17 अगस्त के सबेरे होटल विदेशिनी में आग लगला से कम से कम आठ लोगन के मौत हो गइल रहे, जबकि कइयन गो लोग घायल भइल रहे।

Read Also: Jharkhand : छात्रन के विरोध के बीच झारखंड सरकार रद्द कइलस 44 भर्ती परीक्षा, जारी भइल लिस्ट

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]