अगर रउरा फिट रहे के बा तs योग बहुते जरूरी बा.खासकर जब अधिकतर लोग घर से काम करत होखे तs उs लोग ज्यादा वर्कआउट ना कs पावेला। अयीसना में इs जरूरी बा कि अयीसन योगासन घर में होखे के चाही, जवना से आपके फिट रहे में मदद मिली। इs बिल्कुल जरूरी नईखे कि शुरू में बहुत भारी योग करे के चाही। लेकिन इs जरूरी बा कि रउआ जवन भी करीं, सही तरीका से करीं, तबे उs रउरा खातिर फायदेमंद साबित होई। वज्रसन अइसन योग के अनेक आसन में से एगो हs। एह आसन के खास बात इs बा कि इs बहुत मुश्किल ना होला अवुरी कम समय में कईला से शरीर के भी बहुत फायदा होला। तs आईं जानल जाव , वज्रासन के बारे में ऊ सब बात, जवन रउरा सभे के मालूम होखे के चाहीं, जेहसे कि रउरा ई आसन नियमित रूप से कs सकी|

वज्रासन के मुद्रा
अक्सर हमनी के लागेला कि हमनी के बहुत मेहनत करतानी, बाकिर कुछूओ नईखे होखत। बाकिर साँच तs ई बा कि आसन के साथे अइसन होला कि अगर ठीक से ना कइल जाव तs कुछ ना होई| एही से हर आसन के सही मुद्रा जानल बहुत जरूरी बा। एकरा संगे इहो ध्यान राखे के चाही कि जदी आप एक दिन में जादा बेर इs आसन करब अउरी जादे समय तक एकरा के करब तs इs आपके खातीर नुकसानदेह हो सकता। एही से एह आसन के अवधि धीरे-धीरे बढ़ावे के चाहीं।
अगर रउआ वज्रासन ठीक से करब तs फायदेमंद होई
आसन के फैला के सामान्य मुद्रा में बईठे के चाही। अब आपन दुनु गोड़ आगे के ओर पसार दीं। अब आपन शरीर के वजन के बाईं ओर मोड़ के घुटना से दाहिना गोड़ मोड़ के दाहिना कूल्हि के नीचे राखी। आ फेर आपन शरीर के वजन ओही तरफ लेके आपन बायां गोड़ के घुटना से मोड़ के बायां कूल्हि के नीचे राखीं| ध्यान रहे कि आपके दुनो गोड़ के पैर के उंगली के अयीसन मोड़ देवे के चाही कि आप अपना कूल्हा के ओकरा पे आराम कs सकी। गोड़ के दुनो टखना में अयीसन अंतर होखे के चाही कि दुनो गोड़ के पैर के उंगली एक दूसरा के छू सके। अब दुनु हाथ के पंजा घुटना पे रख दीं। दुनो हथेली घुटना के ओर होखे के चाही। वज्रासन में बईठ के शरीर के सीधा रखीं। कमर आ कंधा के मोड़ ना करे के चाहीं। अब नाक से गहिरा साँस लीं। वजरासन करे से पहिले विशेषज्ञ बतावेले कि अर्ध शलभासन अउरी शलभासन जईसन आसन कईला से बहुत फायदा होला। दूसर ओर अगर इs आसन कईला के बाद बालासन, शवासन अउरी मकरासन करब तs निमन नतीजा निकलेला।
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

वज्रासन कइला के फायदा
अब जइसे रउरा जान गइल बानी की एह आसन के बहुत फायदा बा, तs हमनी के एकरा बारे में विस्तार से बताईं।
1. नियमित रूप से वज्रासन के पहिला फायदा इs बा कि एकरा से आपके पाचन शक्ति बढ़ जाला अउरी पेट से जुड़ल सभ समस्या दूर हो जाला। अयीसन कईला से कब्ज के समस्या से मुक्ति मिलेला।
2. एह आसन के कइला से अल्सर जइसन बेमारी भी भाग जाला आ एसिडिटी के समस्या से राहत मिलेला।
3. इs आसान आपके मांसपेशी के भी मजबूत करेला।
4. इs आसन महिला खातीर भी बहुत निमन बा, अयीसन कईला से प्रसव दर्द कम हो जाला, डॉक्टर इs आसन करे के सलाह देवेले।
5. एह आसन के कइला से एकाग्रता बढ़ेला।
6. इs अइसन आसन हs कि टीवी देखत घरी भी कs सकेनी।
7. एकरा कइला से चंचल मन शांत हो जाला।
8. वज्रासन कइला से मानसिक थकान कम हो जाला आ मनोदशा ठीक होला।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर