T20 World Cup 2026 : न्‍यूजीलैंड के जीत से बदलल सेमीफाइनल के गणित, पाकिस्‍तान अब एह तरे सेमीफाइनल में पहुंच सकी 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 वर्ल्‍ड कप 2026 भारत आ श्रीलंका के संयुक्‍त मेजबानी में खेलल जा रहल बा। बुध के ग्रुप-2 के बहुते अहम मुकाबला खेलल गइल। एह मैच में न्‍यूजीलैंड श्रीलंका के 61 रन से

Share

पाकिस्तान क्रिकेट टीम

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 वर्ल्‍ड कप 2026 भारत आ श्रीलंका के संयुक्‍त मेजबानी में खेलल जा रहल बा। बुध के ग्रुप-2 के बहुते अहम मुकाबला खेलल गइल। एह मैच में न्‍यूजीलैंड श्रीलंका के 61 रन से हरवलस। एह हार के संगे टूर्नामेंट में श्रीलंका के सफर खतम हो गइल। ओहिजा कीवी टीम के सेमीफाइनल में पहुंचे के उम्‍मेद आउर मजबूत हो गइल। हालांकि, न्‍यूजीलैंड के एह जीत से पाकिस्‍तान के मुश्किल बढ़ गइल बा।

सुपर-8 के पहिलका मैच न्‍यूजीलैंड आ पाकिस्‍तान के बीच खेलल गइल रहे। बाकिर बरखा के कारण ई मुकाबला रद्द हो गइल आ दुनो टीम के 1-1 अंक मिलल। ओकरा बाद सुपर-8 के ग्रुप-2 के दूसरका मैच में इंग्‍लैंड, श्रीलंका के 51 रन से हरवलस।

मंगर के इंग्‍लैंड, पाकिस्‍तान के 2 विकेट से हराके ओकर सेमीफाइनल के राह आउर मुश्किल बना देलस। फिलहाल पाकिस्‍तान के नेट रन रेट -0.461 बा। अब न्‍यूजीलैंड, श्रीलंका के हरा के पाकिस्‍तान के सपना पs पानी फेर देलस। एह जीत से न्‍यूजीलैंड के 3 अंक हो गइल बा आ ओकर नेट रन रेट +3.050 हो गइल।

अगिला मैच हर हाल में जीतल जरूरी

जदि पाकिस्‍तान के सेमीफाइनल में पहुंचे के बा तs ओकरा अगिला मैच में श्रीलंका के बड़ अंतर से हरावल जरूरी होई। एहसे पाकिस्‍तानो के 3 अंक हो जाई। संगही दुआ करे के पड़ी कि न्‍यूजीलैंड, आपन अगिला मैच में इंग्‍लैंड से हार जावs, आ हार के अंतरो बड़ होखे।

एह हालत में न्‍यूजीलैंड आ पाकिस्‍तान दुनो के 3-3 अंक हो जाई। जदि पाकिस्‍तान के नेट रन रेट, न्‍यूजीलैंड से बेहतर रहल तs टीम सेमीफाइनल में जगह बना ली। बाकिर जदि न्‍यूजीलैंड अगिला मैच में इंग्‍लैंड के हरा देलस, तs ओकर 5 अंक हो जाई आ टीम सीधे सेमीफाइनल के टिकट कटा ली।

Read Also: Chhatisgarh News : बीजापुर के जंगल में मुठभेड़, सुरक्षाबलन के कार्रवाई में 2 नक्सली ढेर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.