Women Asia Cup Rising Star : टीम इंडिया बनल वुमेंस एशिया कप राइजिंग स्टार के चैंपियन, फाइनल में बांग्लादेश के देलस शिकस्त

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। वुमेंस एशिया कप राइजिंग स्टार के फाइनल मुकाबला इंडिया ए आ बांग्लादेश ए के बीच बैंकॉक के टेर्डथाई क्रिकेट ग्राउंड में खेलल गइल। एह मैच में इंडिया ए महिला टीम सानदार प्रदर्शन करत

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। वुमेंस एशिया कप राइजिंग स्टार के फाइनल मुकाबला इंडिया ए आ बांग्लादेश ए के बीच बैंकॉक के टेर्डथाई क्रिकेट ग्राउंड में खेलल गइल। एह मैच में इंडिया ए महिला टीम सानदार प्रदर्शन करत बांग्लादेश ए के 46 रन से हराके खिताब अपना नामे कइलस।

फाइनल में इंडिया ए पहिले बल्लेबाजी करत 135 रन के लक्ष्य रखले रहे। जवाब में बांग्लादेश ए महिला टीम लक्ष्य हासिल ना कs सकल आ 19.1 ओवर में 88 रन बनाके ऑलआउट हो गइल। एह जीत के संगे इंडिया ए महिला टीम दूसरका बेर एशिया राइजिंग स्टार के चैंपियन बनल। एकरा पहिले 2023 में टीम बांग्लादेश के हराके ट्रॉफी जीतले रहे।

तेजल हसबनीस के अर्धशतक

इंडिया ए के सलामी बल्लेबाज वृंदा दिनेश आ नंदिनी कश्यप पहिला विकेट खातिर 30 रन जोड़ल लोग। पहिला विकेट गिरला के बाद विकेट लगातार गिरत रहल, जवना से टॉप ऑर्डर बल्लेबाज सुरुआत के फायदा बड़ पारी में बदले में नाकाम रहल लोग।

फाइनल में भारत के ओर से एकमात्र अर्धशतक तेजल हसबनीस लगवली। ऊ 34 गेना में 51 रन (3 चौका, 2 छक्का) बनवली। कप्तान राधा यादव 30 गेना में 36 रन के उपयोगी पारी खेलली। वृंदा दिनेश 17 गेना में 19 रन बनाके डबल डिजिट तक पहुंचे वाली तीसरका बल्लेबाज रहली।

बांग्लादेश के निराशाजनक प्रदर्शन

लक्ष्य के पीछा करत बांग्लादेश के सुरुआत खराब रहल। टीम के पहिला झटका 12 रन पs लागल, जब इश्मा तंजीम 3 रन बनाके आउट हो गइली। एकरा बाद कवनो बल्लेबाज क्रीज पs टिक ना सकल। बांग्लादेश के कवनो बल्लेबाज अर्धशतक ना लगा सकल, खाली 4 बल्लेबाज डबल डिजिट स्कोर तक पहुंच सकल लोग।

बांग्लादेश खातिर सबसे जादे रन शमीमा सुल्ताना बनवली-16 गेना में 20 रन। सरमिन सुल्ताना 29 गेना में 18 रन जोड़ली। इंडिया ए के ओर से गेंदबाजी में प्रेरणा रावत सबसे घातक रहली। ऊ 12 रन देके 3 विकेट झटकली आ टीम के जीत पक्का कइलस।

Read Also: AI Summit Protest : गंदा आ नंगा राजनीति के अखाड़ा बना दिहल गइल’, कांग्रेस के शर्टलेस प्रदर्शन पs पीएम मोदी के तीखा हमला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.