26 फरवरी 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2026

दिनांक- 26/02/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग फाल्गुन शुक्ल पक्ष तिथि- दशमी रात के 12 बजके 33 मिनट में, ओकरा बाद एकादशी। दिन- बियफे। म्रृगशीर्षा नक्षत्र दिन के 12 बजके 11 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 26/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 33 मिनट में,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- बियफे।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

दिन के 12 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

प्रीति जोग

रात के 10 बजके 33 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

 तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/02/2026

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 10 बजके 33 मिनट ले।

दिन- सुक।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 10 बजके 48 मिनट ले।

आयुष्मान जोग

सांझ के 07 बजके 43 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मन तनिका बेचैन रह सकेला, बाकिर काम में मेहनत रंग ले आई। नौकरी में सीनियर से मदद मिली। सेहत ठीक रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के ममिला मजबूत होई। रुकल पइसा वापस मिल सकेला। परिवार में सुख-शांति बनल रही। मीठ बोलल फायदा दी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। कवनो पुरान संघतिया से मुलाकात खुसी दी। जतरा से लाभ हो सकी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावुकता में आके कवनो फैसला मत लीं। घर-परिवार के संगे समय बिताईं। सेहत में तनिका ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज सम्मान बढ़े वाला दिन बा। कामकाज में तारीफ मिली। राजनीतिक भा सामाजिक लोगन खातिर दिन अच्छा बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

पढ़ाई-लिखाई आ नौकरी में तरक्की के जोग बा। नया काम सुरू करे के सोच सकेनी। खरचा पs काबू रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी सुखद रही। प्रेम संबंध मजबूत होई। आज कला आ रचनात्मक काम में मन लागी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज विरोधी कमजोर पड़ी लोग। कोर्ट-कचहरी के ममिला में राहत मिल सकेला। खीस से बचीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज साथ दी। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। लमहर जतरा के जोग बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के बोझ से थकान महसूस होई। आराम पs ध्यान दीं। आर्थिक इस्थिति सामान्य रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया आइडिया कामयाब होई। बिजनेस में फायदा दिखी। संघतिया से सहजोग मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रह सकेला। धेयान आ योग से फायदा मिली। खरचा पs कंट्रोल रखीं।

Read Also: BSNL Director Protocol Controversy : तौलिया, अंडरवियर आ कंघी-शीशा… अफसरन खातिर शाही इंतजाम के ऑर्डर देवे वाला ‘बंजल साहब’ पs गिर सकेला गाज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.