24 फरवरी 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2026

दिनांक- 24/02/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग फाल्गुन शुक्ल पक्ष तिथि- सप्तमी सबेरे के 07 बजके 02 मिनट में, ओकरा बाद अष्टमी। दिन- मंगर।  कृत्तिका नक्षत्र दिन के 03 बजके 07 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 24/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

सबेरे के 07 बजके 02 मिनट में,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- मंगर।

 कृत्तिका नक्षत्र

दिन के 03 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।

इन्द्र जोग

सबेरे के 07 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/02/2026

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि-  नवमी

रात के 02 बजके 41 मिनट ले।

दिन- बुध।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 01 बजके 38 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

रात के 01 बजके 28 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मेहनत के फल मिले के जोग बा। कामकाज में तेजी आई, अधिकारी खुस रही लोग। सेहत ठीक, खीस काबू में रखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के ममिला मजबूत होई। परिवार में सुख-शांति रही। नया काम सुरू करे से पहिले सलाह जरूर लीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत से बिगड़ल काम बन जाई। जतरा के जोग बा। फालतू खरचा से बचला के जरूरत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

मन तनिका अस्थिर रही, बाकिर धैर्य रखीं। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ी। सेहत में पेट से जुड़ल दिक्कत हो सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़े के जोग बा। नेतृत्व क्षमता से लोग प्रभावित होई। प्रेम संबंध मजबूत होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम में ध्यान भटके के आसार बा। कागजी काम सावधानी से करीं। सेहत में आराम जरूरी बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन अनुकूल बा। रुकल काम आगे बढ़ी। दांपत्य जिनगी में मधुरता आई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

तनिका  संभर के चले के दिन बा। विवाद से दूरी बनाईं। निवेश सोच-समझ के करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज साथ दी। शिक्षा आ करिअर में सफलता मिले के जोग बा। धार्मिक काम में मन लागी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

जिम्मेदारी बढ़ी, बाकिर रउआ निभा लेम। आमदनी ठीक रही। बुजुर्गन के सलाह फायदेमंद रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया मवका मिले के संकेत बा। संघतिया लोगन से मदद मिली। सेहत सामान्य रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भावनात्मक दिन बा। परिवार के संगे समय बिताईं। कला आ रचनात्मक काम में सफलता मिली।

Read Also: Spiritual Tourism India : गोवा ना, अब गंगा आरती देखल बा नवहन के पहिला पसंद, काहे बढ़त बा ‘Spiritual Tourism’ के क्रेज?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.