[the_ad_group id="30365"]

रसोई स्पेशल : बनाईं चटपटा करेला सलाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी के रसोई स्पेशल सेगमेंट में आज बात होई करेला के सलाद कइसे आउर चटपटा बनावल जा सकत बा। तs आईं जानल जाव…

विधि: सबसे पहिले करेला आ आलू के निम्मन तरे धोके सुखा लीं। अब करेला के गोल आकार में आ आलू के टुकड़न में काटीं। दुनो के तेल में डीप फ्राइ करीं। अब नॉन स्टिक कड़ाही में बटर डालके प्याज के हल्का ब्राउन होके तक भूज लीं। एकरा बाद गोभी के भुजंके पकाईं।

एकरा बाद एगो अलग बाउल में तलल करेला आ आलू के रख लीं। फेर भुजल गोभी, पियाज, टमाटर आ खीरा के एमे मिला ली। नींबू रस, चाट मसाला, सिरका सॉस, लाल मरीचा पाउडर, लहसुन-मरीचा पेस्ट आ स्वाद के मोताबिक नमक के एकसंगे मिलाकर सलाद पेश करीं।

सामग्री

  • 04 करेला (गोल कटल)
  • 200 ग्राम छोट आलू (दु टुकड़ा में कटल)
  • 1/2 कप टमाटर
  • प्याज आ खीरा (कटल)
  • 01 कप पत्ता गोभी (कद्दूकस कइल)
  • तले खातिर तेल

सजावे खातिर सामग्री 

  • 02 चम्मच नीबू के रस 01 चम्मच
  • सिरका सॉस
  • 1/2 चम्मच चाट मसाला
  • 1/2 चम्मच गोल मिर्च (कुटल)
  • 01 चम्मच लहसुन आ
  • लाल मिर्च का पेस्ट
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]