[the_ad_group id="30365"]

कब्ज क‌इले बा परेशान तs रात में सुते से पहिले पीs त्रिफला छाछ, हाज़मा होई दुरुस्त; नींद आई भरपूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छाछ के लगभग हर केहू पीयल पसंद करेला । कई लोग खाना के साथे एके जरू‌रे पी‌एला।  छाछ के पीएले से हाज़मा सही होला एलिहें ज़्यादातर लोग एके खाना के साथे पीएला। लेकिन का रउरा के पता बा कि अगर एs छाछ में एगो आयुर्वेदिक जड़ी बूटी त्रिफला के चूर्ण मिला दिहल जाव तs ईs कब्ज आ बदहजमी दुनों के एके साथे कंट्रोल करे के काम करेला । जानीं त्रिफला छाछ तइयार करे के तरीका आ एकर फायदा।

त्रिफला छाछ बनावे खातिर जरूरी सामान

*छाछ

*पीसल

*चीनी

*पुदीना

*त्रिफला चूर्ण

बनावे के तरीका

त्रिफला छाछ के बनावे के खातिर सबसे पहिले रउरा भीजल त्रिफला चूर्ण के लेंईं यानी कि आपके त्रिफला चूर्ण के कुछ देर पहिले पानी में मिलाके रख देंईं। अब एs भीजल त्रिफला चूर्ण के एगो गिलास छाछ में मिलाईं। एकरे बाद एमें पिसल तनी सा पुदीना, काला नमक आ स्वादानुसार चीनी मिलाईं। एके अब फ्रिज में तनी देर खातिर रख देंईं।

कब  पियल जाव? 

त्रिफला छाछ के रोजाना सुते से पहिले पीं। रोज राती के समय त्रिफला छाछ पीए से पेट साफ हो जाईं। साथे राउर कब्ज आ बदहजमी के परेशानी से छुटकारा मिल जाईं।

एs समस्या में कारगर होला त्रिफला 

छाछ  कोलेस्ट्रॉल के नियंत्रित करेला : त्रिफला छाछ कब्ज आ पाचन दुनों खातिर बेहतरीन होला। एकरे साथे एकर सेवन से कोलेस्ट्रॉल के स्तर के काफी कम करेला आ फैट के करे में मदद करेला।

कब्ज में देला आराम: त्रिफला छाछ कब्ज में राहत देले के काम करेला। जवन लोगन के कब्ज आ बदहमजी के परेशानी होला। लोग एके सुतले से पहिले जरूर पीं।

वजन करीं कंट्रोल: खाना ख‌इले के बाद त्रिफला छाछ पीले से फैट पs तेजी से असर दिखेला। ईs शरीर से विषाक्त पदार्थन के बाहर निकाले ला। एकरे साथे ही वजन के संतुलित रखले में मदद करेला।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]