[the_ad_group id="30365"]

Healthy breakfast : जदि शरीर में प्रोटीन के कमी लगsता तs नाश्ता में करी चिया सीड्स के सेवन,जानीं प्रोटीन बढ़ावे के अचूक उपाय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चिया सीड्स के वेट लॉस करे वाला खान पान मानल जाला। चिया सीड्स में फाइबर आ कइगो विटामिन्सो होला। जवन की राउर पाचक एंजाइम्स के बढ़ावा देवेला। इs राउर सरीर में मेटाबोलिक रेट बढ़ावे ला। आ डाइजेस्टिव एंजाइम्स कें बढ़ावा देवेला। एकरा अलावा इs बॉडी बिल्डिंग में मददगार होला आ प्रोटीन के कमी के दूर करेला। बाकी बहुते लोग के नाश्ता में चिया सीड्स के सेवन के तरीका मालूम ही ना होला। तs, आइ जानीं जा की चिया सीड्स के कुछ रेसिपी जेकरा के रउवा आपन नाश्ता में लेs सकत बानी।

नाश्ता खातीर चिया सीड्स के रेसिपी

1. चिया सीड्स सतुआ ड्रिंक

खालिए, पानी एगो अइसन तरल पदार्थ नइखे जेकरा में रउवा बिय फुला सकत बानी। तs, 1 गिलास पानी में 1 चम्मच चिया बीज मिलाई। ऊपरा से अजवाइन आ काला नमक आ जीरा पाउडर मिला ली। फेर एs चिया सीड्स सत्तू ड्रिंक के भोरे भोरे खाली पेटे पी लिही। इs प्रोटीन ड्रिंक रउवा के एनर्जी बूस्टर लेखा काम करी।

2. चिया स्मूदी जूस

रउवा चिया सीड्स से स्मूदी बना सकत बानी। रउवा एकरा के अलगा-अलगा फलन के संगे चिया सीड्स मिला के स्मूदी बना सकत बानी। रउवा के करे के इs होई की चिया सीड्स के फलन के संगे मिला के पीस लीही आ ओकरा बाद ओहमें दूध मिला दिही। आ बढ़िया से फेट के इs स्मूदी के पिही।एह तरे रउवा चिया सीड्स के सेवन से शरीर स्वस्थ रख सकेनी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]