[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: लालू के किडनी दे सकत बाड़ी बेटी रोहिणी; सब ठीक रहल त एही महीना होई ट्रांसप्लांट, इलाज खातिर सिंगापुर जा सकत बाड़े लालू। सब टेस्ट के बाद डॉक्टर लोग किडनी ट्रांसप्लांट के परमिशन दे देले बा लो। कोर्ट के परमिशन के बाद फेर सिंगापुर जइहें लालू।
  2. बिहार: बिहार में शराबबंदी के लेके उपेंद्र कुशवाहा के बड़ बयान, बोललें- राज्य में शराबबंदी सफल नइखे। एकरा के खाली जनता के सहजोग से सफल कइल जा सकत बा। एह बयान से विपक्ष के मिलल सरकार प हमला के मौका।
  3. उत्तर प्रदेश: आजम खान के सजा प स्टे देवे से कोर्ट कइलस इनकार, रामपुर विधानसभा सीट प उपचुनाव के रस्ता साफ। भड़काऊ भाषण ममिला में सजा मिलला से खाली घोषित कइल गइल रहे रामपुर सीट।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर कमिश्नर ऑफिस गेट प दबंगन द्वारा महिला के पिटल गइल; शिकायत कइला मना करत रहले स मनबढ़, ना मनला प सुरु क दिहल लो पिटाई। एगो जुवक के पब्लिक पकड़लस, दोसर भाग निकलल।
  5. झारखंड: लातेहार पुलिस के नक्सलियन के खिलाफ बड़ सफलता, इंसास राइफल आ विस्फोटक बरामद।
  6. तमिलनाडु के मदुरै के पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट: 5 मजदूरन के देह के चिथड़ा उड़ल, 10 घायल। एकरा पहिले सितंबर में तमिलनाडु के कुड्डालोर जिला के पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट भइल रहे, जवना में 7 मजदूरन के मौत हो गइल रहे।
  7. गुजरात में बीजेपी 84 विधायकन के टिकट कटलस: मोरबी ब्रिज हादसा में पानी में कुदके लोगन के जान बचावे वालन के मिलल टिकट। 180 में 160 सीटन के प्रत्याशियन के ऐलान कइल गइल बा।
  8. मुलायम के सीट से बहु डिंपल लड़िहें चुनाव: मैनपुरी सीट प प्रत्याशी के रूप में डिंपल के नाव के अखिलेश यादव कइलें ऐलान। मुलायम यादव के निधन से ई सीट खाली हो गइल रहे। मैनपुरी में 5 दिसंबर के वोटिंग होई।
  9. 14 से 16 नवंबर तक पीएम मोदी इंडोनेशिया के दौरा प रहिहें, G-20 शिखर सम्मेलन में लेवे के बा हिस्सा।
  10. टीम इंडिया के शेर, सेमीफाइनल में भइल लो ढ़ेर: पावर प्ले में कम स्कोर, रोहित के धीमा बल्लेबाजी आ बेजान बॉलिंग बनल वजह, बड़ मैच में केएल राहुल फेर फेल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]