[the_ad_group id="30365"]

के. कविता के अंतरिम जमानत याचिका खारिज : बेटा के परीक्षा के हवाला देले रहली; दिल्ली शराब नीति केस में 15 मार्च के भइल रहली गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना के पूर्व मुख्यमंत्री केसीआर के बेटी के. कविता के अंतरिम जमानत याचिका सोमार के राउज एवेन्यू कोर्ट  खारिज कs देलस। कविता बेटा के परीक्षा के हवाला देत अंतरिम जमानत के मांग कइले रहली। कविता फिलहाल दिल्ली शराब नीति ममिला में तिहाड़ जेल में बंद बाड़ी।

एकरा पहिले चार अप्रिल के सुनवाई के बाद कोर्ट फैसला सुरक्षित रख लेले रहे। के.कविता के वकील अभिषेक मनु सिंघवी कहले रहस कि- कोर्ट में खाली जमानत खातिर बहस भइल। कविता के 16 साल के बेटा के एग्जाम अप्रिल में सुरू होखे वाला बा। अइसन में उनका बेटा के मां के सपोर्ट के जरूरत बा। मां के कमी के ना तs भाई आ ना पिता पूरा कs सकत बा। अइसन में उनका के जमानत दिहल जाये के चाहीं।

मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में 15 मार्च के ED गिरफ्तार कइले रहे

ED दिल्ली शराब नीति केस से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में कविता के 15 मार्च के गिरफ्तार कइले रहे। ऊ 23 मार्च तक ED के हिरासत में रही। दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट 26 मार्च के उनका के नौ अप्रिल तक ज्यूडिशियल कस्टडी में भेजले रहे। तब से कविता तिहाड़ जेल में बाड़ी।

ED मनी लॉन्ड्रिंग से जुड़ल ममिलन में नियमन के हवाला देके उनकर याचिका के विरोध कइले रहे। एकरा पहिले सुप्रीम कोर्ट 22 मार्च के कविता के जमानत देवे से इनकार कs देले रहे। सुप्रीम कोर्ट उनका के जमानत खातिर ट्रायल कोर्ट में जाये के निरदेस देले रहे।

दिल्ली शराब घोटाला में कविता के नाम कब आइल?

दिल्ली शराब घोटाला केस में ED गुरुग्राम से कारोबारी अमित अरोड़ा के 30 नवंबर, 2022 में गिरफ्तार कइले रहे। ED के मोताबिक, अमित अपना बयान में के. कविता के नाम लेले रहे।

जांच एजेंसी दावा कइले रहे कि कविता ‘साउथ ग्रुप’ नाम के एगो शराब लॉबी के एगो मुख्य लीडर रहली। ऊ विजय नायर के माध्यम से दिल्ली में AAP सरकार के नेता लोगन के 100 करोड़ रुपिया के भुगतान कइले रहली। AAP एह पईसा के इस्तेमाल गोवा आ पंजाब विधानसभा चुनाव में कइलस।

फरवरी 2023 में CBI कविता के अकाउंटेंट बुचीबाबू गोरंतला के गिरफ्तार कइलस। ED बुचीबाबू से पूछताछ कइले रहे। फेर ED हैदराबाद के बेवसायी अरुण रामचंद्रन पिल्लई के सात मार्च 2023 के गिरफ्तार कइलस।

पिल्लई पूछताछ में बतवले रहस कि कविता आ आम आदमी पार्टी के बीच एगो समझौता भइल रहे। एकरा तहत 100 करोड़ रुपिया के लेन-देन भइल, जवना से कविता के कंपनी ‘इंडोस्पिरिट्स’ के दिल्ली के शराब कारोबार में एंट्री मिलल। पिल्लई इहो बतवलें कि एगो मीटिंग भइल रहे, जेमे ऊ, कविता, विजय नायर आ दिनेश अरोड़ा मवजूद रहे लो। एह मीटिंग में दिहल गइल रिश्वत के वसूली पs चरचा भइल रहे।

साउथ ग्रुप का हs?

साउथ ग्रुप दक्षिण के राजनेता, कारोबारियन आ नौकरशाहन के ग्रुप हs। एमे अरबिंदो फार्मा के प्रमोटर शरत रेड्डी, वाईएसआरसीपी के लोकसभा सांसद एम. श्रीनिवासुलु रेड्डी, उनकर बेटा राघव मगुंटा आ कविता सामिल रहे लो। एह ग्रुप के प्रतिनिधित्व अरुण पिल्लई, अभिषेक बोइनपल्ली आ बुचीबाबू कइले रहे लो। तीनो के शराब घोटाला में गिरफ्तार कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]