Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चीन AI : माइक्रोसॉफ्ट के मदद से भारत के चुनाव के प्रभावित करी

470

ताइवान में चलत राष्ट्रपति चुनाव का दौरान चीन ट्रायल रन कइलस जवना का चलते अमेरिका चिंता के संगे ई चेतावनी जारी कइले बा ।।

अमेरिका के टेक कंपनी (माइक्रोसॉफ्ट) भारत में होखे वाला चुनाव के लेके कहलस कि चीन अबकी बेर एकरा में दखल दे सकता। चीन आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) सामग्री के माध्यम से चुनाव के प्रभावित कर सकेला। ताइवान में चलत राष्ट्रपति चुनाव का दौरान चीन ट्रायल रन कइलस जवना का चलते अमेरिका चिंता के संगे ई चेतावनी जारी कइले बा ।

हाल ही में माइक्रोसॉफ्ट के सह-संस्थापक बिल गेट्स प्रधानमंत्री मोदी से मुलाकात कइले आ AI के इस्तेमाल सामाजिक काम, महिला के विकास आ स्वास्थ्य के संगे-संगे कृषि में नवाचार खाती बतियावत रहले।

एह साल यूरोपीय संघ (ईयू) समेत दुनिया के 64 देशन में चुनाव होखे वाला बा । एह सभ देस सभ में दुनिया के 49% आबादी बाटे।

माइक्रोसॉफ्ट के खुफिया टीम के मुताबिक, चीन समर्थित साइबर समूह, जवना के उत्तर कोरिया के समर्थन भी बा, 2024 के चुनाव के निशाना बना सकतारे। माइक्रोसॉफ्ट कहलस कि चीन एआई से जनरेट कंटेंट के इस्तेमाल करी जवना से आम जनता के अपना फायदा से जुड़ल मुद्दा के ओर आकर्षित करे में मदद मिली।

माइक्रोसॉफ्ट अपना बयान में कहलस कि, ‘ए साल बहुत जगह चुनाव होखता, खास तौर प भारत, दक्षिण कोरिया आ अमेरिका में।’ हमनी के अनुमान बा कि चीन एआई जनरेट कंटेंट बना के एह चुनाव के अपना फायदा में इस्तेमाल करी।

चुनाव पर एआई के धमकी दिहल गइल

एआई से कवनो भी प्रकार के सामग्री बनावल जा सकेला। डीपफेक के इस्तेमाल से अइसन घटना के वीडियो बनावल जा सकेला जवन कबो ना भइल होखे। अयीसन वीडियो, अयीसन तस्वीर चुनाव के दौरान अंधाधुंध शेयर कइल जाला आ चुनाव के ट्रेंड कवनो दिशा में जा सकता।

वर्तमान में एआई से पैदा होखे वाला सामग्री प एकर असर कम बा, लेकिन चीन जवना तरीका से आपन प्रयोग बढ़ा रहल बा, भविष्य में उ ए तकनीक में महारत हासिल क सकता। ताइवान में होखे वाला चुनाव में चीन एआई से जनरेट कइल सामग्री के इस्तेमाल कइले रहे।

माइक्रोसॉफ्ट के कहना बा कि ताइवान के चुनाव में बीजिंग समर्थित समूह स्टॉर्म 1376 भा स्पैमोफ्लॉग बहुते सक्रिय बा । ई समूह एआई जनरेट कइल छवि जारी कइलसि जवना में फर्जी ऑडियो प्रचार आ मीम शामिल रहे । एकरा माध्यम से चुनाव उम्मीदवार आ मतदाता के विचार बदले के कोशिश कइल गइल।

 

एआई जनरेट टीवी न्यूज एंकर के इस्तेमाल ईरान करत रहे।

माइक्रोसॉफ्ट कहलस कि, ‘स्टॉर्म 1376 एआई के मदद से ताइवान के डेमोक्रेटिक प्रोग्रेसिव पार्टी (डीपीपी) के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार विलियम लाई के मीम के एगो सिलसिला के प्रचार कइलस।’ एकरा में एआई से उत्पन्न टीवी न्यूज एंकर के भी इस्तेमाल कइल गइल।

अमेरिकी चुनाव में एआई के असर

माइक्रोसॉफ्ट कहलस कि चीनी समूह अमेरिका में चुनाव के भी प्रभावित कर रहल बा। भौगोलिक रूप से प्रमुख जगहन प लोग के लड़ाई लड़े आ मतदाता से जुड़ल खुफिया जानकारी एकट्ठा करे के कोशिश करत बा ।

माइक्रोसॉफ्ट कहलस कि, ‘चीनी एआई से पैदा भइल सामग्री के असर पछिला कुछ महीना में तेजी से बढ़ल बा।’ एह में हाल के समय में लोग के प्रभावित करे आ लोग के बंटवारा करे के घटना तेजी से बढ़ल बा। एह में नवंबर 2023 में केंटकी में ट्रेन पलटे, अगस्त 2023 में माउई में आग लागे, जापानी परमाणु गंदा पानी के निपटान, नशा के इस्तेमाल, आप्रवासन नीति आ रंग आधारित भेदभाव के घटना शामिल बा। इहे सबूत बा कि लोग के राय के आकार देवे में जवन काम भइल बा उ काफी सफल रहल बा।

अइसन नइखे कि अमेरिका के चुनाव में पहिला बेर एआई के इस्तेमाल हो रहल बा । 2024 के न्यू हेमिस्फीयर डेमोक्रेटिक प्राइमरी में एआई से जनरेट कइल सामग्री बनावल गइल जेह में राष्ट्रपति जो बाइडेन के आवाज दिहल गइल जेह में मतदाता लोग से परहेज करे के निहोरा कइल गइल।

 

 ई बात सुनत कवनो आम आदमी के लाग सकेला कि बाइडेन खुदे ई निर्देश दिहले बाड़न ।

एकरा में चीन के शामिल होखे के कवनो सबूत नइखे, लेकिन अइसन बहुत घटना भइल बा, जवना में एआई के असर समाज प पड़ल बा।

 

भारत में चुनाव होखे वाला बा

भारत में 19 अप्रैल से चुनाव खातिर मतदान शुरू हो जाई । रिजल्ट 4 जून के भी आई। सात चरण के चुनाव में पहिला चरण के मतदान 19 अप्रैल के होइ। एही तरे दूसरा से सातवाँ चरण के मतदान 26 अप्रैल, 7 मई, 13 मई, 20 मई आ 25 मई के होई।

 

17वीं लोकसभा विधानसभा 16 जून के स्थगित हो जाई।

भारतीय चुनाव आयोग एकरा खातीर दिशा-निर्देश आ प्रोटोकॉल देले बा, जवना में कवनो प्रकार के फर्जी जानकारी आ गलत तथ्य के जवाब देवे के निर्देश दिहल गइल बा।

अभी पिछला महीना चैटजीपीटी के मूल कंपनी ओपनएआई के प्रतिनिधि आईसीआई से भेंट कइले आ आयोग के सदस्यन के एगो प्रस्तुति दिहले जवना में एआई के हानिकारक इस्तेमाल रोके खातिर ओह कदम के समीक्षा कइल गइल जवना के ओह लोग के उठावे के पड़ी ।

783970cookie-checkचीन AI : माइक्रोसॉफ्ट के मदद से भारत के चुनाव के प्रभावित करी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.