Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अरुणाचल प्रदेश भारत के अभिन्न हिस्सा रहें, बा आ रहीं’, पीएम मोदी के चीन के करारा जवाब

257

Arunachal Pradesh कुछ दिन पहिले विदेश मंत्री एस जयशंकर चीन के आलोचना करत कहले रहलें  चीन के जरिये अरुणाचल के क्षेत्र के नाम बदले के प्रयास से ए बात से इनकार नइखे कइल जा सकत कि अरुणाचल प्रदेश भारत के अभिन्न आ अविभाज्य हिस्सा हऽ आ रहीं। चीन के ए हरकत पऽ पीएम मोदी जवाब देले।

भारत आ चीन के बीच अरुणाचल प्रदेश के लेके विवाद बढ़ चुकल बा। कुछ दिन पहिले चीनी सरकार राज्य के विभिन्न जगह के 30 नया नाम के चउथा सूची जारी कइलस। ड्रैगन के ए नापाक हरकत पऽ मोदी सरकार कड़ा प्रतिक्रिया जाहिर कइले बिया। एही बीच पीएम मोदी भी चीन के ए फैसले के घोर निंदा करत प्रतिक्रिया देले बाड़न।

अखबार असम ट्रिब्यून के दिहल इंटरव्यू में उऽ कहले,” ‘अरुणाचल प्रदेश भारत के अभिन्न अंग हऽ, रहें आ हमेशा रहीं।”

पीएम मोदी सेला टनल के कइले जिक्र

ओहिजा, पीएम मोदी अरुणाचल प्रदेश में बनल ‘सेला टनल’ के महत्व के जिक्र कइले। बता दी कि ई दुनिया के सबसे लंबा डबल-लेन टनल हऽ। उऽ कहले कि ई एगो वास्तविक रणनीतिक गेम-चेंजर हऽ, जवन तवांग के हर मौसम में कनेक्टिविटी प्रदान करेला।’

पूर्वी-उत्तर भारत के विकास के जिक्र करत पीएम मोदी कहले कि ई क्षेत्र नया भारत के सबसे बड़ सफलता के कहानी के रूप में उभरल बा।

जानकारी के मोताबिक ए सुरंग के वजह से चीन सीमा तक के दूरी लगभग 10 किमी तक कम हो गइल बा। ई एलएसी (लाइन ऑफ एक्चुअल कंट्रोल) के नजदीक बनल बा , जवना से चीन सीमा तले जल्दी पहुंचल जा सकऽता।

काल्पनिक नाम राख देला से वास्तविकता ना बदल जाई

चीन द्वारा अरुणाचल प्रदेश के स्थान के नाम बदले के कवायद के भारत खारिज करत आ रहल बा। भारत के कहनाम बा कि ई राज्य देश के अभिन्न अंग बा रहीं, काल्पनिक नाम राख देला से ए वास्तविकता में कवनो बदलाव ना आई।

अरुणाचल प्रदेश भारत के अभिन्न आ अविभाज्य हिस्सा: एस जयशंकर

कुछ दिनों पहले विदेश मंत्री एस जयशंकर  चीन के आलोचना करत कहले रहलें,” चीन के जरिये अरुणाचल के क्षेत्र के नाम बदलले के प्रयास से ए बात से इनकार नइखे कइल जा सकत कि अरुणाचल प्रदेश भारत के अभिन्न आ अविभाज्य हिस्सा हऽ आ रहीं। उऽ कहले कि अरुणाचल प्रदेश भारतीय राज्य रहें, हऽ आ भविष्यो में रहीं। जयशंकर कहले कि नाम बदले से कुछ हासिल ना होई । जदि हम रऊआ घर के नाम बदल दी, तऽ का उऽ हमार हो जाई ?

785340cookie-checkअरुणाचल प्रदेश भारत के अभिन्न हिस्सा रहें, बा आ रहीं’, पीएम मोदी के चीन के करारा जवाब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.