Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

30 साल पुरान सीरियल ब्लास्ट केस में करीम टुंडा बरी : मुंबई-सूरत समेत 5 शहरन में ट्रेन में धमाका भइल रहे; ISI से ट्रेनिंग के बाद लश्कर से जुड़ल रहे 

310

1993 में 5 शहरन में भइल सीरियल ब्लास्ट केस में आरोपी अब्दुल करीम टुंडा (80) के बियफे के अजमेर के टाडा कोर्ट बरी कs देले बा। दुगो आतंकवादियन इरफान (70) आ हमीदुद्दीन (44) के उम्रकैद के सजा सुनवले बा।

टुंडा, इरफान आ हमीदुद्दीन के लेके पुलिस बियफे के सबेरे करीब सवा 11 बजे कड़ा सुरक्षा के बीच टाडा कोर्ट पहुंचल। तीनों 6 दिसंबर, 1993 के लखनऊ, कानपुर, हैदराबाद, सूरत आ मुंबई के ट्रेनन में भइल सिलसिलेवार बम धमाका के ममिला में आरोपी रहs सs। 20 साल पहिले 28 फरवरी 2004 के टाडा कोर्ट ने ममिला में 16 अभियुक्तन के उम्रकैद के सजा सुनवले रहे। सुप्रीम कोर्ट चार आरोपियन के बरी कs के बाकी के सजा बरकरार रखले रहे, जवन जयपुर जेल में बंद बा।

752270cookie-check30 साल पुरान सीरियल ब्लास्ट केस में करीम टुंडा बरी : मुंबई-सूरत समेत 5 शहरन में ट्रेन में धमाका भइल रहे; ISI से ट्रेनिंग के बाद लश्कर से जुड़ल रहे 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.