[the_ad_group id="30365"]

30 साल पुरान सीरियल ब्लास्ट केस में करीम टुंडा बरी : मुंबई-सूरत समेत 5 शहरन में ट्रेन में धमाका भइल रहे; ISI से ट्रेनिंग के बाद लश्कर से जुड़ल रहे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

1993 में 5 शहरन में भइल सीरियल ब्लास्ट केस में आरोपी अब्दुल करीम टुंडा (80) के बियफे के अजमेर के टाडा कोर्ट बरी कs देले बा। दुगो आतंकवादियन इरफान (70) आ हमीदुद्दीन (44) के उम्रकैद के सजा सुनवले बा।

टुंडा, इरफान आ हमीदुद्दीन के लेके पुलिस बियफे के सबेरे करीब सवा 11 बजे कड़ा सुरक्षा के बीच टाडा कोर्ट पहुंचल। तीनों 6 दिसंबर, 1993 के लखनऊ, कानपुर, हैदराबाद, सूरत आ मुंबई के ट्रेनन में भइल सिलसिलेवार बम धमाका के ममिला में आरोपी रहs सs। 20 साल पहिले 28 फरवरी 2004 के टाडा कोर्ट ने ममिला में 16 अभियुक्तन के उम्रकैद के सजा सुनवले रहे। सुप्रीम कोर्ट चार आरोपियन के बरी कs के बाकी के सजा बरकरार रखले रहे, जवन जयपुर जेल में बंद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]