[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: प्रशासन के आंख में धूर झोंक के माफिया करत रहलें खनन, जांच कइला पऽ खोदत मिलल पोकलेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: खनन माफिया प्रशासन के आंख में धूर झोंक के राप्ती नदी में अवैध रूप से खनन करत रहें। मंगर के राजस्व आ पुलिसकर्मियन के साथे जिला खनन अधिकारी अमित सिंह के पहुंचला पऽ भगदड़ मच गइल। डंपर चालक गाड़ी छोड़ के भाग गइले।

राजस्व टीम के जांच में पता चलल कि विभाग से खनन के पट्टा डोमनडाढ़ गांव के रहें । टीम के मौका पऽ मिलील चार गो पोकलेन के सीज कऽ के थाना भेज देलस। दुनु डंपर के चालान कर दिहल गइल बा। विभाग ठीकेदार के दिहल खनन के पट्टा के निरस्त करत जांच खातिर उच्चाधिकारियन के पत्र लिखल गइल।

दू गो अधिकारि लो कहल ई बात – 

सोमवार के जांच करे निकलले खान इंस्पेक्टर आरबी सिंह चार गो डंपर सीज कइला के बाद बतवले कि खनन चनऊ में निजी भूमि पऽ हो रहल बा। जबकि मंगर के राजस्व टीम के साथे पहुंचल जिला खान अधिकारी बतवले कि खनन राप्ती के किनारे अवैध रूप से हो रहल बा।

जिला खान अधिकारी अमित सिंह कहले कि ऊंचगांव में खनन स्थल पर चार पोकलेन मिलल। ओकनी के सीज कर के बेलीपार थाना भेज दिहल गइल बा। दू गो डंपरो मौका पऽ मिलल बा। खनन गलत जगह हो रहल बा। डोमनडाढ़ में खनन के पट्टा रहें। रिपोर्ट तइयारी की जारही बा। उच्चाधिकारियन के लगे भेजके खनन के पट्टा निरस्त करावल जाई।

चूना राप्ती नदी में अवैध खनन करके माफिया लाखों रूपिया के राजस्व के चूना लगवले बा। जांच टीम के अनुसार राप्ती नदी में से 10 से 15 फीट नीचे तले माटी आ बालू निकालल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]