[the_ad_group id="30365"]

200 मीटर दउड़ में काजल आ करण गुप्ता विजयी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। युवा कल्याण आ प्रादेशिक विकास दल विभाग के तत्वाधान में आयोजित खण्ड स्तरीय से प्रतियोगिता में कबड्डी, दउड़ आ कूद प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल।

प्रतियोगिता के अंतर्गत बालिका वर्ग के 200 मीटर सीनियर दउड़ प्रतियोगिता में काजल यादव पहिला, रितु गोंड दुसरा, 200 मीटर के जूनियर दउड़ प्रतियोगिता में गुड़िया यादव पहिला, मनसा पासवान दुसरा, लक्ष्मी सिंह तीसरा, 400 मीटर दउड़ प्रतियोगिता में जानवी सिंह पहिला, शिवानी यादव दुसरा स्थान पs रहली। 800 मीटर दउड़ में कल्ली सिंह पहिला स्थान पs रहली।

अप

बालक वर्ग में 200 मीटर के सीनियर दउड़ प्रतियोगिता में करण गुप्ता पहिला, प्रिंस कुमार दुसरा, कमलेश गोंड तीसरा स्थान, 800 मीटर में नितेश कुशवाहा, नीतीश कुमार ऊंची कूद में संजीत साहनी, दीपक कुशवाहा, भीम यादव के जीत मिलल। लमहर कूद में बलराम पहिला, दीपक कुशवाहा दुसरा स्थान पs रहल लो। बालक वर्ग कब्बड्डी में ज्ञान छपरा विजेता आ बालिका वर्ग में श्री अनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव के विजेता रहल।

एहमें मुख्य अतिथि ऋषि कुमार रानू आ विशिष्ठ अतिथि क्षेत्रीय युवा कल्याण अधिकारी संतोष यादव रहलें। संचालन शिवम पांडे आ रेफरी सतीश चंद्र रहलें। एह प्रतियोगिता में एनवाईवी राहुल मल्ल, विजय शंकर रजक, अनुज कुमार धर्मेंद्र उपाध्याय, संतोष यादव, जितेंद्र कुमार, उज्ज्वल श्रीवास्तव, जितेंद्र अग्रहरि, सरोज कुमार, लालू यादव, सनी यादव, अभिनव यादव आदि लोग ने खिलाडियन के उत्साहवर्धन कइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]