पाकिस्तान में ही खेलल जाई चैंपियंस ट्रॉफी 2025, अब का होई टीम इंडिया के अगिला कदम

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2023

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 : लगभग हर साल आईसीसी टूर्नामेंट खेलल जा रहल बा। एह सीरीज में पाकिस्तान साल 2025 के चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबानी कs रहल बा। जहाँ ई टूर्नामेंट 8 देशन के बीच खेलल

Share

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 : लगभग हर साल आईसीसी टूर्नामेंट खेलल जा रहल बा। एह सीरीज में पाकिस्तान साल 2025 के चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबानी कs रहल बा। जहाँ ई टूर्नामेंट 8 देशन के बीच खेलल जाई। पाकिस्तान क्रिकेट टीम पिछला बेर चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब जीतले रहुवे। चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन आखिरी बेर इंग्लैंड में साल 2017 में भइल रहे। हालही में खबर आइल कि चैंपियंस ट्रॉफी के मेजबानी पाकिस्तान में ना कवनो दोसरा देश में हो सकेला बाकिर अब पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड से एह मुद्दा के बारे में एगो बड़हन अपडेट सामने आइल बा।

पीसीबी के एगो बड़हन अपडेट 

पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) बियफे के दिने कहलस कि ऊ दुबई में होखे वाला 2025 चैंपियंस ट्रॉफी खातिर आईसीसी के साथे मेजबानी अधिकार समझौता पs हस्ताक्षर कइले बा। एह टूर्नामेंट खातिर समझौता जका अशरफ कइले बाड़न जे एह घरी पीसीबी के मामिला चलावे वाली क्रिकेट प्रबंधन समिति के प्रमुख बाड़न। पीसीबी के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, ए समझौता पs पीसीबी प्रबंधन समिति के अध्यक्ष जका अशरफ के संगे आईसीसी मुख्यालय में आयोजित एगो कार्यक्रम में हस्ताक्षर कईले। पाकिस्तान आखिरी बेर 1996 में आईसीसी टूर्नामेंट के मेजबानी कइले रहुवे। ओह घरी पाकिस्तान भारत आ श्रीलंका के साथे वनडे वर्ल्ड कप के मेजबानी कइले रहुवे।

टीम इंडिया से इs मामिला काहें जुड़ल बा?

पाकिस्तान के मेजबानी में भारत के समस्या के सामना करे के पड़ सकता। असल में भारतीय क्रिकेट टीम साल 2008 से पाकिस्तान के दौरा नइखे कइले। भारतीय टीम के सरकार के इजाजत नईखे दिहल जात। पिछला कुछ साल में भारत आ पाकिस्तान के बीच बिगड़त संबंध के चलते भारत सरकार इs फैसला लेले बिया। एह साल एशिया कप के मेजबानी भी पाकिस्तान के हाथ में रहे, लेकिन टीम इंडिया खातिर इs टूर्नामेंट हाइब्रिड मॉडल पs खेलल गईल। अइसना में टीम इंडिया आपन सगरी मैच श्रीलंका में खेललस।

अब बीसीसीआई के अगिला कदम का होई?

चैंपियंस ट्रॉफी खातिर अबहीं डेढ़ साल बाचल बा। भारतीय टीम चैंपियंस ट्रॉफी के महत्वपूर्ण टीम में से एगो ह। अगर टीम इंडिया पाकिस्तान के दौरा करे से मना कर दी तs आईसीसी आ पीसीबी दुनु के भारी नुकसान होखे के उमेद बा। अयीसना में बीसीसीआई अवुरी आईसीसी आवे वाला समय में ए मुद्दा पs विचार कs सकतारे। जहाँ ई टूर्नामेंट हाइब्रिड मॉडल पs भी खेले के उमेद बा। जहाँ टीम इंडिया आपन सगरी मैच कवनो दोसरा देश में खेली। भारत में साल 2024 में भी चुनाव होखे वाला बा। जवना के बाद शायद सरकार अपना नीति में कुछ बदलाव कs सकता। इहो संभव बा कि आवे वाला डेढ़ साल में पाकिस्तान से भारत के संबंध में सुधार हो सकेला।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.