भारत के T20 वर्ल्ड कप 2024 जीते खातिर करे के होई इs काम, रवि शास्त्री दिहले बड़ सलाह

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2023

टी20 विश्व कप 2024 : टी20 विश्व कप 2024 के आयोजन अमेरिका आ वेस्टइंडीज में होखे वाला बा। एकरा खातिर 18 गो टीम क्वालीफाई कइले बाड़ी सँ।  अफ्रीका क्षेत्र से खेल के दू गो टीम

Share

टी20 विश्व कप 2024 : टी20 विश्व कप 2024 के आयोजन अमेरिका आ वेस्टइंडीज में होखे वाला बा। एकरा खातिर 18 गो टीम क्वालीफाई कइले बाड़ी सँ।  अफ्रीका क्षेत्र से खेल के दू गो टीम क्वालीफाई करीहें। अबहीं ले वेस्टइंडीज आ इंग्लैंड टी-20 विश्व कप में सबले बेसी जीत हासिल कइले बा।  दुनु टीम दू बेर ई ट्रॉफी जीत चुकल बाड़ी सँ। भारत, पाकिस्तान, श्रीलंका आ आस्ट्रेलिया एक-एक बेर ई ट्रॉफी जीत चुकल बा।  अब अगिला साल होखे वाला टी-20 विश्व कप से पहिले भी भारत के कोच रहल रवि शास्त्री एगो बड़हन भविष्यवाणी कइले बाड़न।

रवि शास्त्री इs बात कहले

भारतीय कोच रहल रवि शास्त्री कहले कि कुछुओ आसानी से ना आवेला। महान सचिन तेंदुलकर के भी एगो विश्व कप जीते खातिर छह गो विश्व कप के इंतजार करे के पड़ल। विश्व कप रउरा आसानी से ना जीत पावेनी। विश्व कप जीते खातिर बहुते मेहनत करे के पड़ेला।ओह बड़का दिन (फाइनल) पs बढ़िया प्रदर्शन करे के पड़ी। एक बेर फाइनल में चहुँप गइला के बाद एह से कवनो फर्क ना पड़े कि रउरा एह टूर्नामेंट में पहिले का कइले बानी।
एक बेर शुरुआती बाधा पार कइला के बाद महज टॉप चार टीम बाड़ी सँ आ पिछला दू गो मैच में बढ़िया प्रदर्शन करे के पड़ी। अगर ओह दुनु मैच में राउर प्रदर्शन बढ़िया बा तs रउरा चैंपियन बन जानी।  आस्ट्रेलिया भी अइसने कइलस, पहिला दू गो मैच हार गइल बाकिर जब ओकरा बढ़िया प्रदर्शन करे के जरूरत पड़ल तs ऊ बढ़िया प्रदर्शन कइलस।

पूर्व कोच इ सलाह देले
भारतीय खिलाड़ी रहल रवि शास्त्री कहले कि भारत में आवे वाला टी-20 विश्व कप खातिर बहुत युवा खिलाड़ी बाड़े।  टी-20 विश्व कप चार जून से अमेरिका आ वेस्टइंडीज में होखे वाला बा।  वन डे फॉर्मेट में शायद ई आसान ना होखी काहे कि रउरा टीम के फेर से बनावे के पड़ी।  लेकिन भारत टी-20 क्रिकेट (विश्व कप) में गंभीर चुनौती पेश करी।  टीम के मुख्य खिलाड़ी के पहचान हो गईल बा अवुरी अब आपके ध्यान खेल के छोट फॉर्मेट पs होखे के चाही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.