आज के समय में आधार कार्ड लमसम सबके लग्गे बा, काहेंसेकी एकर जरूरतो काफी ज्यादा पड़sला। मतलब लमसम हर एक काम खातिर हमनी के आधार कार्ड के जरूरत बा। उहवें, आधार कार्ड से हमनिके आपन मोबाइल नंबर लिंक करावल बहुते जरूरी बा काहेंसेकी एकरे बिना कई काम अटक सकsता। इहे नाइ अगर आधार के जरिए कौनो फ्रॉड होत बा, तब्बो हमनीके मैसेज के जरिए अलर्ट मिल जाला। लेकिन अमूमन देखल जाला कि जे अपना आधार कार्ड से मोबाइल नंबर लिंक कराके रखले बा, उनकरे नंबर पर वन टाइम पासवर्ड यानी ओटीपी नाइ आ पावsला। अइसे में लोग के बड़ दिक्कत के सामना करे के पड़sला। एहीलिए जरूरी बा कि एह समस्या के समाधान निकालल जाए। अगर आपो एह परेशानी से जूझ रहल बानी, त चली, हम आप के एकर उपाय बतावत बानी।
आधार कार्ड में मोबाइल नंबर अपडेट करवला के फायदा:-
· आधार कार्ड में पता बदलने में आसानी
· आधार कार्ड के डाउनलोड कs सकेनी|
· इनकम टैक्स रिटर्न वेरिफाई खातिर
· सरकारी योजना के लाभ लेवे खातिर
· बैंक में खाता खुलवावे खातिर
· एनपीएस अकाउंट खुलवावे खातिर
· सिम कार्ड लेवे खातिर
· पीएफ खाते से पैसे निकाले खातिर आदि।
ओटीपी नाइ मिलले के कारन
दरअसल, यूआईडीएआई के मुताबिक अगर कौनो व्यक्ति के आधार से लिंक मोबाइल नंबर पs वन टाइम पासवर्ड यानी ओटीपी नाइ मिलत बा, तो एकरे पीछे कमजोर मोबाइल नेटवर्क कारण हो सकत बा। कई बेर मोबाइल नेटवर्क कमजोर होखले के कारण ओटपी मिल नाइ पावला।
अइसन में आप टाइम बेस्ड ओटीपी के इस्तेमाल कs सकेनी, जौने खातिर आपके एम-आधार एप के डाउनलोड करे के बा अउर फिर एम-आधार पर मिलल टाइम बेस्ड ओटीपी के मदद से आधार से जुड़ल ऑनलाइन सेवा के लाभ ले सकेनी।