[the_ad_group id="30365"]

जेपी यूनिवर्सिटी में समर्थ पोर्टल से होई दाखिला: छात्रन के साइबर कैफे के ना लगावे के पड़ी चक्कर, एडमिशन से लेके परीक्षा फॉर्म कs सकेम ऑनलाइन

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपी यूनिवर्सिटी मे मानव संसाधन विकास विभाग कावर से बनावल गइल समर्थ पोर्टल से एडमिशन लिहल जाई। अभी तक यूनिवर्सिटी में यूमिस पोर्टल से एडमिशन के संगे आउर काम कइल जाते रहे। यूनिवर्सिटी के यूमिस पोर्टल के करोड़न रुपिया देवे के पड़त रहे।

सत्र 2022-24 के नामांकन प्रक्रिया दिसंबर महीना से चल रहल बा। दिसंबर में अचानके यूनिवर्सिटी के पोर्टल काम कइल बंद कs देलस। जवना के कारण अभी ले नामांकन प्रक्रिया पूरी ना हो सकल। एने, पेमेंट के लेके यूनिवर्सिटी आ पोर्टल के बीच सामंजस्य बा बइठ सकल। अभी ले यूमिस पोर्टल कावर से नामांकन आ परीक्षा फॉर्म के लिहल गइल पेमेंट यूनिवर्सिटी के नइखे पहुंच पावल बा। संगही गोपालगंज जिला के स्टूडेंट्स के छपरा भा छपरा के सीवान आ गोपालगंज के कॉलेज मे एडमिशन खातिर सीट एलॉट करत रहे। जवना कारण बहुत स्टूडेंट्स हरदिन कॉलेजो ना जाला लो।

एडमिशन से लेके परीक्षा फॉर्म भरे तक हर काम समर्थ पोर्टल से होई 

ओहिजा, यूनिवर्सिटी के कुलपति प्रोफेसर परमेंद्र कुमार वाजपेयी कहलें कि भारत सरकार के मानव संसाधन विकास विभाग कावर से बनावल गइल समर्थ पोर्टल से एडमिशन से लेके हर काम कइल जाई। कुलपति एकरा के लेके बतवलें कि समर्थ पोर्टल से एडमिशन आ परीक्षा फॉर्म भरे से यूनिवर्सिटी के खर्च ना आई। यूमिस पोर्टल के हर साल करोड़न रुपिया पेमेंट करे के पड़त रहे। साथे साथ समय से कामो ना हो पावत रहे।

पोर्टल के डिजाइन मोबाइल फ्रेंडली

नया सत्र में एडमिशन से लेके परीक्षा फॉर्म भरे तक हर काम अब समर्थ पोर्टल से कइल जाई। एह पोर्टल के डिजाइन मोबाइल फ्रेंडली रही। कवनो ऑनलाइन काम खातिर स्टूडेंट्स के अब साइबर कैफे के चक्कर ना लगावे के पड़ी। स्टूडेंट्स आसानी से मोबाइल से एडमिशन से लेके परीक्षा फॉर्म भरे तक के हर काम कs ली लो। स्टूडेंट्स के ऑफलाइन के सुविधो दिहल जाई।

IGNOU आ NIOS में ऑनलाइन काम समर्थ पोर्टल कावर से कइल जाला। अब जेपी यूनिवर्सिटियो मे ओहि तरे काम होई। एडमिशन खातिर स्टूडेंट्स के पहिले रजिस्ट्रेशन करे के होई। जहां स्टूडेंट्स के यूजर आईडी आ पासवर्ड मिली। ओहि यूजर आईडी आ पासवर्ड से स्टूडेंट्स आपन एडमिशन आ बाकी काम कs सकी लो।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]