Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्विद्यालय: पत्रकारिता आ जनसंचार विभाग देस के सर्वश्रेष्ठ विभागन में भइल सामिल, आईआईआरएफ के रैंकिंग में मिलल 66 वां स्थान

371

गोरखपुर। आईआईआरएफ रैंकिंग में दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय,गोरखपुर के जनसंचार आ पत्रकारिता विभाग के देश के 100 सर्वश्रेष्ठ जनसंचार संस्थानन में से 66वां स्थान प्राप्त भइल बा।

विश्वविद्यालय में पत्रकारिता आ पाठ्यक्रम हिंदी विभाग के अंतर्गत संचालित बा। उल्लेख जोग बात बा कि विश्वविद्यालय में पत्रकारिता आ जनसंचार के स्नातक आ पाठ्यक्रम चल रहल बा। विभाग आ विश्वविद्यालय के एह गौरवशाली उपलब्धि पs कुलपति प्रो. पूनम टण्डन हर्ष व्यक्त करत विभाग के बधाई देले बाड़ी। ऊ कहली कि हिन्दी विभाग के ओर से संचालित जर्नलिज्म पाठ्यक्रम विश्वविद्यालय के महत्वाकांक्षी पाठ्यक्रम हs, जवन उद्यमिता,नवाचार आ विकास के भूमिका के कारण छात्रन के भविष्य निर्माण में आपन भूमिका के निर्वहन कs रहल बा।

राष्ट्रीय संस्थागत रैंकिंग फ्रेमवर्क (आईआईआरएफ) भारत में उच्च शिक्षण संस्थानन के मूल्यांकन आ वर्गीकरण करे ला एगो व्यापक रेटिंग प्रणाली के रूप में भारतीय संस्थागत रैंकिंग फ्रेमवर्क बनवले बा, जवना के आईआईआरएफ कहल जाला। छात्रन आ हितधारकन के उनकर आवश्यकतन के सर्वोत्तम रूप से पूरा करे वाला संस्थान के चुने में मदद करे खातिर, ई कइयन मानदंडन के आधार पs संस्थानन के वस्तुनिष्ठ रेटिंग देवे के प्रयास करत बा।

हिंदी आ पत्रकारिता विभाग के अध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी बतवलें कि हिंदी विभाग के अंतर्गत पत्रकारिता के पढाई 1996 में एक साल के स्नातक पाठ्यक्रम से सुरू भइल रहे आ अब एह विषय में स्नातक आ स्नातकोत्तर पाठ्यक्रम सफलतापूर्वक संचालित बा। प्रो. त्यागी बतवलें कि एह विभाग के कइयन विद्यार्थी अलग-अलग मीडिया संस्थानन में कार्यरत बा।

पत्रकारिता पाठ्यक्रम के समन्वयक प्रो. राजेश कुमार मल्ल एकरा के गौरवशाली उपलब्धि बतवलें आ कहलें कि विभाग के ई उपलब्धि विश्वविद्यालय के नैक रैंकिंग में प्रदेश के सर्वश्रेष्ठ विश्वविद्यालय होखे के पुष्टि करत बा। विभाग के एह उपलब्धि पs सब शिक्षक लोग प्रसन्नता व्यक्त कइले बा लो।

731290cookie-checkगोरखपुर विश्विद्यालय: पत्रकारिता आ जनसंचार विभाग देस के सर्वश्रेष्ठ विभागन में भइल सामिल, आईआईआरएफ के रैंकिंग में मिलल 66 वां स्थान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.