[the_ad_group id="30365"]

छपरा : मैट्रिक के चार परीक्षा केंद्रन में बदलाव, CBSE परीक्षा के लेके बोर्ड लेलस निर्णय, नया प्रवेश पत्र के संगे एह केंद्रन पs पहुंची लो परीक्षार्थी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति छपरा शहर के मैट्रिक परीक्षा खातिर बनावल गइल चार परीक्षा केंद्रन के बदल देले बा। संगही ओह परीक्षा केंद्र भवनन के बदले नया शिक्षण संस्थानन के चिह्नित करत परीक्षा केन्द्र बनावे आ संबंधित स्थानांतरित केंद्रन के टैग विद्यालयन के छात्रन के अब नया केंद्रन पs 15 फरवरी से सुरू होखे वाली मैट्रिक बोर्ड परीक्षा में सामिल होखे के निरदेस देले बा।

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति कावर से जारी सूचना के मोताबिक छपरा शहर के सरस्वती शिशु विद्या मंदिर, कचहरी छपरा केंद्र के बदलके नया केंद्र राजकीय जिला स्कूल, छपरा के बनावल गइल बा। ओहिजा छपरा सेंट्रल स्कूल साढ़ा, छपरा के बदल के सोलंकी बीएड कॉलेज भिखारी चौक, छपरा के परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा। एही तरे सेंट्रल पब्लिक स्कूल चांदमारी, छपरा के बदल के रामदयाल शुभनारायण उच्चतर माध्यमिक विद्यालय भिखारी ठाकुर चौक के परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा। जबकि होली फेमिली गुरूकुल स्कूल मेहिया, छपरा परीक्षा केंद्र पs जवन मैट्रिक के विद्यार्थियन के परीक्षा देवे के रहे। अब ऊ आरडीएम पब्लिक स्कूल नेवाजी टोला, छपरा केंद्र पs परीक्षा में सामिल होई लो। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति आ सीबीएसई बोर्ड एक संगे परीक्षा होखला के चलते परीक्षा केंद्र के बदला गइल बा।

परीक्षा समिति छपरा शहर के जवन चार परीक्षा केंद्रन के बदलले बा। ओमे तीन केंद्र अइसन बा जवना लगे पहिले बनावल गइल परीक्षा केंद्रन के तुलना में कम परीक्षार्थियन के बैठावे के क्षमता बा। अइसन इस्थिति में संबंधित केंद्र खातिर चिह्नित केंद्राधीक्षक परेसान बा लो। ओह लोगन  के कहनाम बा कि परीक्षा केंद्र बदलला के बाद परीक्षार्थी तs नया केंद्र पs सामिल होई लो। भलही पहिले ओह लोगन के एडमिट कार्ड पs दोसर परीक्षा केंद्र अंकित रहे। नया परीक्षा केंद्र  के लगे छात्रन के बइठावे के क्षमता कम बा। जइसे कि छपरा सेंट्रल स्कूल में छात्रन के संख्या प्रत्येक पाली में 800 बा। जबकि नया केंद्र पs छव सौ से जादे परीक्षार्थियन के बइठावल केंद्र प्रशासन खातिर मुस्किल होई। नया केंद्र जिला स्कूल के छोड़के कम बेसी आउर तीनो केंद्रन के इहे इस्थिति बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]