Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एयरपोर्ट पs पैसेंजर्स के हंगामा: गोरखपुर से दिल्ली के फ्लाइट अचानक भइल कैंसिल, बोर्डिंग होखला के बाद दिहल गइयन यात्रियन के जानकारी

463

गोरखपुर एयरपोर्ट पs मंगर के साँझ के यात्री लोग जमके हंगामा खड़ा कs दिहल लो। गोरखपुर से दिल्ली जाये वाला स्टॉर लाइन एलाइंस एयर के फ्लाइट अचानक कैंसिल हो गइल। एयरलाइंस कंपनी के तरफ से पहिले एयरपोर्ट पहुंचल यात्रियन के एकर कवनो सूचना ना दिहल गइल।

ओह लोगन के बोर्डिंगो करा दिहल गइल। फ्लाइट टाइम पs ना आइल तs बतावल गइल कि कुछ देर में फ्लाइट आ रहल बा, बाकिर फेर अचानक से बतावल गइल कि फ्लाइट कैंसिल हो गइल बा।

केहु के डॉक्टर से अप्वाइंटमेंट तs केहु के बा श्रीलंका के फ्लाइट

ई सुनतही एह फ्लाइट में टिकट करा चुकल यात्री बिफर पड़ल लो। ऊ लोग एयरपोर्ट पs हंगामा सुरू कs दिहल गइल। यात्रियन के कहनाम रहे कि केहु के बुध के सबेरे दिल्ली में डॉक्टर से अप्वाइंटमेंट बा तs केहु के बुधवार के श्रीलंका के फ्लाइट। जबकि, एयरलाइंस कंपनी के कवनो कर्मचारी फ्लाइट कैंसिल होखला के कवनो वजह यात्रियन के ना बता सकल।

या तs अगिला फ्लाइट लीं ना तs ले लीं रिफंड

एह फ्लाइट के यात्री युवराज पाठक बतवलें, जब यात्री लोग हंगामा सुरू कइल लो तs उहां मवजूद कर्मचारी लोग बतावल, या तs ऊ लोग अगिला फ्लाइट में आपन टिकट करा लेवे लो, ना तs फेर आपन किराया रिफंड ले सकत बा लो। जबकि, यात्रियन के कहनाम रहे कि जदि ओह लो के अरजेंट ना रहित तs फेर फ्लाइट के टिकट काहे कराइत लो?

टेक्निकल प्रॉब्लम अइला से कैंसिल भइल फ्लाइट

एयरपोर्ट के चीफ सिक्योरिटी इंचार्ज विजय कौशल बतवलें, स्टार लाइन के एगो 72 सीटर फ्लाइट देर साँझ लखनऊ से गोरखपुर आवेले आ फेर साँझ के 6 बजके 55 मिनट पs गोरखपुर से दिल्ली जाले। बाकिर मंगर के अचानके फ्लाइट में कुछ तकनीकी दिक्कत आ गइल, जवना वजह से फ्लाइट कैंसिल हो गइल।

कवनो एयरलाइंस कंपनी के प्राथमिकता यात्रियन के सुरक्षित आ सुविधाजनक यात्रा देवल होला, अइसन में जदि फ्लाइट में टेक्निकल प्रॉब्लम बा तs ओकर उड़ान नइखे करावल जा सकत।

यात्रियन के एकरा से तनिका दिक्कत जरूर भइल होई, बाकिर जदि उड़ान भरला के बाद फ्लाइट में तकनीकी खराबी आ जाइत तs खतरा होखलो के आशंका रहेला। कवनो तरे के हंगामा नइखे भइल, यात्रियन के जब समझावल गइल तs ऊ मान गइलें।

साभार: दैनिक भास्कर

388580cookie-checkएयरपोर्ट पs पैसेंजर्स के हंगामा: गोरखपुर से दिल्ली के फ्लाइट अचानक भइल कैंसिल, बोर्डिंग होखला के बाद दिहल गइयन यात्रियन के जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.