29 दिसंबर के रोजगार कैंप के होई आयोजन: 100 बेरोजगार नवहन के मिली मवका

Share

सीवान। 29 दिसंबर के सीवान में एकदिन के रोजगार कैंप के आयोजन कइल जाई। एह कैंप के आयोजन सीवान शहर के महादेवा रोड इस्थित डीआरसीसी में कइल जाई। सीवान जिला नियोजन पदाधिकारी जानकारी देत बतवलें कि एह कैंप के आयोजन श्रम संसाधन विभाग के तत्वाधान में सीवान जिला नियोजनालय के तरफ से करावल जा रहल बा।

बड़ संख्या में नवहन के रोजगार देला के उद्देश्य से प्रत्येक माह जिला में रोजगार कैंप के आयोजन कइल जात बा। जहां देस के अलग-अलग शहरन के मल्टीनेशनल कंपनियन इहां से नवहन के चयनित करेली सs। एह कैंप के आयोजन 29 दिसंबर के दिन के 10:00 बजे से लेके सांझ के 4:00 बजे तक कइल जा रहल बा। एह कैंप में चैतन्य इंडिया फाइनेंस क्रेडिट प्राइवेट लिमिटेड कंपनी CTE के कुल 100 पदन खातिर नवहन के चयन करी।

एकरो के पढ़ीं…छपरा के एकमा में तीन घंटा तक बिजली आपूर्ति रही ठप: दिन के 11 बजे 2 बजे तक सप्लाई होई बाधित

12वीं पास होखल जरुरी 

एह कंपनी में अप्लाई करे वाला अभ्यर्थियन के 12वीं पास होखल आवश्यक बा। चयनित अभ्यर्थियन के अनुमानित राशि 10500 प्रति माह आ TA, DA के सुविधा दिहल जाई। अभ्यर्थियन के अपना संगे 10वीं आ 12वीं के सब सर्टिफिकेट के संगे-संगे फोटो आउर आधार कार्ड लेके आवे के होई। इहां साक्षात्कार आ डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन के आधार पs नवहन के को नौकरी दिहल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-