[the_ad_group id="30365"]

छपरा के एकमा में तीन घंटा तक बिजली आपूर्ति रही ठप: दिन के 11 बजे 2 बजे तक सप्लाई होई बाधित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के एकमा फीडर में 3 घंटा के पावर कट होई। पावर कट सबेरे 11:00 बजे से लेके 2:00 बजे तक कइल जाई। एकमा पावर सबस्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। ठंड में बढ़त लोड के चलते पावर सप्लाई में परेसानी ना होखे एकरा खातिर एकमा पावर सब स्टेशन में पावर कट कs के तार के केबल के रूप में रिप्लेसमेंट कइल जाये के बा। ई जानकारी एकमा पावर सब स्टेशन के अभियंता कुंदन कुमार देलें। एह दौरान क्षेत्र के सब गांवन में बिजली गुल रही।

बिजली संबंधित परेसानी ना होई 

इंजीनियर कुंदन कुमार कहलें कि बढ़ती ठंड के चलते विद्युत तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तारन के मरम्मत अनिवार्य बा। जवना के आलोक में बुध के सबेरे 11:00 बजे से दुपहरिया 2:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के रिप्लेसमेंट करत केबल लगावल जाई। जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 2:00 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]