Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली में इजरायली दूतावास के पीछे भइल धमाका! पुलिस के मिलल लेटर, सभ कर्मचारी सुरक्षित

ए समूचा मामिला के गंभीरता देख पुलिस तुरंत मउका पs पहुंच के तलाशी अभियान शुरू कs देलस। मउका पs एगो विशेष सेल टीम भी भेजल जा रहल बा।

331

 

देश के राजधानी दिल्ली में स्थित इजरायली दूतावास के पीछे खाली जमीन पs विस्फोट के खबर आईल बा। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक पुलिस के फोन आईल, जवना में एगो आदमी विस्फोट के बात कईले। मामिला के गंभीरता देख के पुलिस तुरंत मउका पs पहुंच के तलाशी अभियान शुरू कs देलस। मउका पs एगो विशेष सेल टीम भी भेजल जा रहल बा। इजरायली दूतावास इहो कहलस कि दूतावास के लगे साँझ 5:10 बजे के आसपास एगो विस्फोट भइल बा।

लेटर मिलला के खबर

जानकारी के मुताबिक फायर ब्रिगेड के 5.45 बजे विस्फोट के बारे में जानकारी मिलल, ओकरा बाद फायर अवुरी पुलिस के अधिकारी मउका पs पहुंचले। दमकल अधिकारी के मुताबिक, अबे ले विस्फोट जईसन घटना के मउका पs पुष्टि नईखे भईल अवुरी ना ही धमाका के कवनो सबूत मिलल बा। पूरा इलाका के तलाशी लिहल गइल बा। पुलिस पूरा इलाका के लगातार जांच करतिया। मउका पs फिलहाल पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी मौजूद बाड़े। हालांकि, जदी सूत्र पs विश्वास कईल जाए तs पुलिस के इजरायली दूतावास से कुछ दूरी पs एगो चिट्ठी भी मिलल बा, जहां से विस्फोट के आवाज़ आईल रहे। इs चिट्ठी इजरायली दूतावास के राजदूत के संबोधित बा। चिट्ठी में एगो झंडा भी लपेटल बा। पुलिस चिट्ठी के हिरासत में लेले बिया।

लोग के एगो जोरदार आवाज सुनाई पड़ल

दिल्ली फायर सर्विसेज के निदेशक अतुल गर्ग बतवले कि चाणक्यपुरी इलाका में इजरायल दूतावास के लगे काल साँझ विस्फोट के काॅल फायर सर्विस के आइल रहे। अबे ले मउका पs कुछूओ नईखे मिलल। हालांकि सामने कश्मीर भवन भी बा। एकर एगो कर्मचारी बतवले कि उनुका लोग से पता चलल कि उनुका एगो तेज आवाज सुनाई देलस। ई आवाज कवना बात पs रहे, एकर पता जाँच के बाद ही मिली। घटना स्थल के जांच जारी बा।

एकरा से पहिले भी धमाका भईल रहे

एकरा से पहिले भी दिल्ली में इजरायली दूतावास के निशाना बनावल गईल बा। 29 जनवरी 2021 के दिल्ली में इजरायली दूतावास के बहरी आईईडी विस्फोट भइल रहे। पुलिस के मउका से कुछ बॉल-बेयरिंग भी मिलल जवना के इस्तेमाल बम बनावे में भईल रहे। एकरा बाद भी इजरायली दूतावास के लेके कई बेर अलर्ट जारी भईल बा। इजरायल आ हमास के बीच चलत लड़ाई के बीच कवनो तरह के अनहोनी से बचे के कड़ा इंतजाम भी कइल गइल बा।

 

 

 

697040cookie-checkदिल्ली में इजरायली दूतावास के पीछे भइल धमाका! पुलिस के मिलल लेटर, सभ कर्मचारी सुरक्षित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.