जनता के महंगाई से मिली निजात, नया साल में 450 रुपिया में मिल सकेला सिलेंडर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2023

  नया साल के मउका पs राज्य सरकार राजस्थान के लोग के एगो बड़ उपहार देले बिया। राजस्थान में उज्ज्वला अवुरी बीपीएल गैस कनेक्शन धारक के सिर्फ 450 रुपिया में इs सिलेंडर मिल सकता। आजु

Share

 

नया साल के मउका पs राज्य सरकार राजस्थान के लोग के एगो बड़ उपहार देले बिया। राजस्थान में उज्ज्वला अवुरी बीपीएल गैस कनेक्शन धारक के सिर्फ 450 रुपिया में इs सिलेंडर मिल सकता। आजु फाइल के मंजूरी खातिर आगे भेज दिहल गइल बा। मतलब कि नया साल जनता खातिर राहत के बात होई।

पूरा बात का बा?

राजस्थान में राज्य के भजनलाल सरकार एक जनवरी से उज्ज्वला अवुरी बीपीएल गैस कनेक्शन धारक के 450 रुपिया में एलपीजी सिलेंडर देवे के काम शुरू कs सकता। एकरा खातिर खाद्य आ आपूर्ति विभाग एगो प्रस्ताव बना के मुख्यमंत्री के भेजले बा। विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा एकरा के अपना घोषणा पत्र में शामिल कईले रहे, जवना के बाद में सरकार अपना 100 दिन के घोषणापत्र में शामिल कईलस।

सूत्र के मुताबिक मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा जल्दिए एs फाइल के मंजूरी दे सकतारे। एकरा से पहिले पूर्व मुख्यमंत्री अशोक गहलोत के सरकार ए कनेक्शन होल्डर के 500 रुपिया में सिलेंडर देवे शुरू कs देले रहे, जवन कि एक अप्रैल से लागू भईल रहे। लेकिन अब भजन लाल सरकार ए सिलेंडर के 50 रुपिया अवुरी सस्ता बनावे वाली बिया। एकरा के एक जनवरी से शुरू कईल जा सकता।

एकरा में केतना खर्चा होई?

सरकार के ए फैसला के बाद राज्य के वित्तीय कोष पs हर महीना 52 करोड़ रुपिया के अतिरिक्त बोझ लागी। फिलहाल तेल अवुरी गैस कंपनी 14.2 किलो के एलपीजी सिलेंडर 906 रुपिया में उपलब्ध करावतिया। उज्ज्वाला कनेक्शन धारक के केंद्र सरकार के ओर से 300 रु पिया के छूट चाहे कहल जाए तs सब्सिडी दिहल जाला।

हर महीना 30 लाख रिफिलिंग

राज्य में फिलहाल 70 लाख उज्ज्वला अवुरी बीपीएल कनेक्शन धारक बाड़े। एहमें से करीब 66 लाख उज्ज्वला के बाड़े, जबकि 4 लाख बीपीएल कनेक्शन धारक बाड़े। केंद्र सरकार के ओर से उज्ज्वला कनेक्शन धारक के 300 रुपिया के सब्सिडी दिहला के बाद राज्य सरकार के 156 रुपिया के अलग से सब्सिडी देवे के होई। फिलहाल राज्य के एs कनेक्शन होल्डर के ओर से हर महीना 30 लाख सिलेंडर के रिफिल कईल जाता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.