[the_ad_group id="30365"]

Jharkhand Assembly Election: झारखंड में JDU ने बनाई अपनी टीम, इन दिग्गजों को मिली जगह; पढ़ें पूरी लिस्ट

नीतीश कुमार झारखंड में बनवलें टीम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड जदयू के प्रदेश अध्यक्ष खीरू महतो संगठन के मज़बूती प्रदान करे खातिर प्रदेश कार्यसमिति में कइयन गो नया सदस्यन के स्थान देले बा। ऊ अशोक निगम, जेपी सिंह, विजय सिंह कुशवाहा, गीता देवी, केदार भुइयां, मुबारक अंसारी, नेपाल महतो, कार्तिक कुमार, मुन्ना सिन्हा, प्रफुल मांझी, रत्ना शर्मा, अल्पना बोस, महेश्वर चौधरी, अशोक शर्मा, सुशील कुमार मंगलम, यशवंत सिंह, सीताराम रवानी के सदस्य मनोनीत कइले बाड़ें।

एकरा अलावे ऊ पूर्व मंत्री सुधा चौधरी के विशेष आमंत्रित सदस्य आ हाजी हसीब खान, केबी सहाय, शैलेंद्र महतो, आशा शर्मा, ब्रह्मदेव प्रसाद, उचित महतो, योगेश शर्मा, अक्षय सिंह आउर धनंजय सिन्हा के आमंत्रित सदस्य के रूप में मनोनीत कइले बाड़ें। ई जानकारी पार्टी प्रवक्ता सागर कुमार देलें।

झारखंड में बीजेपी के संगे जेडीयू करी गठबंधन

नीतीश कुमार के पार्टी जेडीयू के ताकत आवे वाला दिनन में एक बेर फेर से झारखंड में बढ़ी। राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (एनडीए) के तहत आवे वाला झारखंड विधानसभा चुनाव (Jharkhand Assembly Election 2024) में जदयू के सीट मिलल तय बा। एहपर सहमतियो हो चुकल बा।

एकरा के बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एनडीए में बढ़त प्रभाव के असर कहल जा सकत बा। एकरा पहिले बरिस 2005 आ 2009 के विधानसभा में भाजपा के संगे तालमेल कs के जदयू बेहतर परिणाम हासिल कइले रहे।2005 में जदयू छव सीट जीतले रहे, जबकि 2009 में दुगो प्रत्याशी विजयी भइल रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]