[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र-बिहार विधानसभा चुनाव लड़ी सुभासपा… ओपी राजभर के एलान

OP Rajbhar
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाजीपुर के नसरतपुर गांव में ओमप्रकाश राजभर महाराजा सुहेलदेव के प्रतिमा का अनावरण कइले। समाजवादी पार्टी के निशाना बनावत उऽ कहले कि अपराधी के मुठभेड़ जाति के आधार पs ना होखेला। ओम प्रकाश राजभर बतवले कि उनकर पार्टी सुभासपा महाराष्ट्र अउरी बिहार विधानसभा चुनाव लड़ी।

महाराजा सुहेलदेव के मूर्ति के अनावरण करे खातिर जहुराबाद गाजीपुर विधानसभा के बगल में नसरतपुर गांव पहुंचले ओमप्रकाश राजभर। मंच से जनता के संबोधित कइला के बाद उऽ पत्रकारन से बात कइले। एह दौरान उऽ समाजवादी पार्टी पs राजनीतिक हमला कइले। उऽ महाराष्ट्र आ बिहार विधानसभा चुनाव लड़े के बातो कइले।

ओमप्रकाश राजभर मीडिया के सवाल के जवाब देत शिक्षक बहाली के मुद्दा प बयान देले। उऽ कहले कि शिक्षक बहाली के मामला में हाईकोर्ट के आदेश के मुताबिक सरकार काम करतिया। संगही, सरकार आरक्षण के नियम के मुताबिक मामला के निपटारा करतिया। मंगेश यादव मुठभेड़ मामला में अखिलेश यादव के बयान के सवाल पs ओपी राजभर राजनीतिक आक्रामक तरीका से जवाब देले। राजभर कहले कि अपराधी के आधार कार्ड देख के मुठभेड़ नइखे हो सकत। जदि पुलिस पs फायरिंग होई तऽ पुलिस फूल के बौछार ना करी। ओपी राजभर कहले कि यादव के मौत होला तबे अखिलेश जी के होश आवेला। उऽ कहले कि हर जाति के अपराधी के सामना भइल बा। राजभर कहले कि वोट बचावे खातिर इ बयान दिहल जाता।

सुभासपा विधानसभा चुनाव लड़ी 

ओपी राजभर कहले कि जे अपराध करी ओकरा पs कार्रवाई होई। योगी सरकार के बुलडोजर नीति पs विपक्ष के ओर से उठावल जा रहल सवाल के बारे में ओपी राजभर कहले कि संविधान आ बुलडोजर में जाति आ धर्म नइखे देखाई देत। सरकार पूरा तरीका से कानून के पालन करतिया। एह दौरान उऽ कहले कि उनकर पार्टी सुभासपा महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में भाग ली। उऽ कहले कि हमनी के महाराष्ट्र आ बिहार में विधानसभा चुनाव लड़ब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]