[the_ad_group id="30365"]

JEE Main Paper 2 Answer Key 2025: आज आखिरी मवका, नजरअंदाज मत करीं जेईई मेन पेपर 2 आंसर के अपडेट

JEE Main Paper 2 Answer Key 2025: आज आखिरी मवका, नजरअंदाज मत करीं जेईई मेन पेपर 2 आंसर के अपडेट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

NTA JEE Main Answer Key Download: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) जेईई मेन 2025 सेशन 1, पेपर 2 के प्रोविजनल आंसर के जारी कs देले बा। ई आंसर की NTA के आधिकारिक वेबसाइट jeemain.nta.nic.in पs उपलब्ध बा। परीक्षा देवे वाला छात्र अपना एप्लिकेशन नंबर आ पासवर्ड के मदद से लॉग इन कs के आंसर की, अपना रिकॉर्डेड रेस्पोंसेस आ प्रश्न पत्र चेक कs सकत बा लो।

कवनो उत्तर पs आपत्ति होखला पs एकरा खातिर रउआ ऑनलाइन ऑब्जेक्शन दर्ज करा सकत बा लो। हर आपत्ति खातिर 200 रुविया के फीस देवे के होई। आपत्ति दर्ज करावे के आखिरी तारीख (लास्ट डेट) 16 फरवरी, 2025 रात 11:50 बजे तक बा।

  • सबसे पहिले, jeemain.nta.nic.in वेबसाइट पs जाईं। वेबसाइट पs पेपर 2 आंसर की के लिंक पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद एप्लिकेशन नंबर आ पासवर्ड से लॉग इन कs लीं।
  • एकरा बाद रउआ आंसर की, प्रश्न आ अपना दिहल गइल उत्तरन के जाके चेक कs सकत बानी।
  • कवनो उत्तर पs आपत्ति दर्ज करावे खातिर वेबसाइट पs दिहल निरदेसन के ध्यान से पालन करीं।

जेईई मेन 2025 पेपर 2 के परीक्षा 30 जनवरी, 2025 के आयोजित कइल गइल रहे। ई परीक्षा कुल 400 अंक के रहे। कंप्यूटर बेस्ड मोड में आयोजित परीक्षा में BArch पेपर में एगो पेन-पेपर बेस्ड ड्राइंग टेस्टो रहे, जबकि BPlanning पेपर में प्लानिंग से जुड़ल प्रश्न रहे। एमे गणित (Mathematics) आ एप्टीट्यूड (Aptitude) सेक्शन सामिल रहे, जवन BArch आ BPlanning दुनो पेपर खातिर कॉमन रहे।

एकरा पहिले जेईई मेन पेपर 1 आंसर के आ ओकर रिजल्ट जारी कइल जा चुकल बा। ई अलग-अलग बीटेक एडमिशन कॉलेज देवे वाला कॉलेजन खातिर आयोजित होखे वाली प्रतियोगी परीक्षा हs, जवना के पास कs के IIT में ऐडमिशन खातिर आयोजित होखे वाला JEE एडवांस्ड परीक्षा खातिर छात्रन के पात्रता मिलेला।

Read Also: WPL 2025: दिल्ली कैपिटल्स के बल्लेबाज आउट रहली भा नॉट आउट, का कहत बा रन आउट के नियम?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]