WPL 2025: दिल्ली कैपिटल्स के बल्लेबाज आउट रहली भा नॉट आउट, का कहत बा रन आउट के नियम?

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

वड़ोदरा : कोटांबी स्टेडियम में महिला प्रीमियर लीग (WPL) के दूसरका मैच में मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स के बीच भइल मुकाबला में तीन विवादास्पद रन-आउट फैसला तहलका मचा देलस। दिल्ली कैपिटल्स दु विकेट से

Share

वड़ोदरा : कोटांबी स्टेडियम में महिला प्रीमियर लीग (WPL) के दूसरका मैच में मुंबई इंडियंस आ दिल्ली कैपिटल्स के बीच भइल मुकाबला में तीन विवादास्पद रन-आउट फैसला तहलका मचा देलस। दिल्ली कैपिटल्स दु विकेट से रोमांचक जीत दर्ज कइलस, बाकिर तीन बेर टीवी अंपायर गायत्री वेणुगोपालन के फैसला दिल्ली के पक्ष में गइल, जवना से ना खाली फैंस बलुक दिग्गज क्रिकेटरो नियमन पs सवाल उठावत नजर आइल।

दिल्ली आ मुंबई के मैच में बवाल

दिल्ली के 165 रनन के पीछा करत अंतिम गेना पs जीत मिलल जब अरुंधति रेड्डी रन-आउट होखे से बचली। बाकिर, एकरा पहिले, मैच के अंतिम पड़ाव में तीन गो बहुते करीबी रन-आउट अपील भइल, जेमे से आखिरी गेना पs भइल अपीलो सामिल बा। पहिला घटना 18वां ओवर के चउथा गेना पs घटल। शिखा पांडे हेली मैथ्यूज के गेना पs एक रन लेवे के प्रयास कइली बाकिर सीधा थ्रो विकेट पs लाग गइल।

रिप्ले में दिखल कि गेना के स्टंप्स से टकरइला के बाद एलईडी लाइट जरल, ओह समय पांडे के बल्ला लाइने पs रहे। एकरा के बादो उनका के नॉट आउट दिहल गइल। टीवी अंपायर के माने के रहे कि जब दुनो बेल्स गिरल, तब तक बैटर के बल्ला क्रीज के अंदर रहे। एकरा के लेके बड़ भ्रम पैदा भइल आ मुंबई इंडियंस के कप्तान हरमनप्रीत कौर मैदानी अंपायरन से बात करे गइली। कुछ अइसने 19वां ओवर के पांचवां गेना पs भइल। मुंबई राधा यादव के रन-आउट के अपील कइलस आ विकेटकीपर बेल्स गिरा देली। अइसन लागल कि यादव के बल्ला हवा में रहे आ एलईडी लाइट्स जल चुकल रहे। बाकिर टीवी अंपायर कहल लो कि जब दूसरका बेल गिरल, तब बल्ला के कुछ हिस्सा क्रीज के भीतर रहे।

डब्ल्यूपीएल के नियम क्या कहते हैं?

WPL के आधिकारिक नियमन के अनुसार, नियम 4.2 कहत बा: ‘जहां एलईडी विकेट्स के उपयोग कइल जात बा, जवना क्षण विकेट गिरावल जाला, ओकरा के ऊ पहिला फ्रेम मानल जाई जेमे एलईडी लाइट्स जरेला आ ओकरा बाद के फ्रेम में बेल स्टंप्स के ऊपर से स्थायी रूप से हट जाला।’

एह नियम में उल्लिखित खंड 29.1 आगे कहत बा कि: ‘विकेट ओह समय बिखर जाला जब कम से कम एक बेल स्टंप्स के ऊपर से पूरा तरे से हट जाला बा एक या एक से अधिक स्टंप्स जमीन से हट जाला।’

ई नियम स्पष्ट करत बा कि एलईडी लाइट्स के जरल विकेट गिरल के आधार मानल जाला, ना कि बेल्स के गिरल। एहिसे, जदि एलईडी लाइट्स बल्लेबाज के क्रीज के भीतर पहुंचला से पहिले जर जाला तs बल्लेबाज आउट मानल जाला, भलही बेल्स बाद में गिरे।

Read Also: Champions Trophy 2025: बस 2 जीत आ टीम इंडिया के नाम दर्ज हो जाई वर्ल्ड रिकॉर्ड, अइसन करे वाली बनी पहिला टीम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.