[the_ad_group id="30365"]

CBSE Board Exam 2025: 10वीं आ 12वीं के परीक्षा आज से सुरू

CBSE Board Exam 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) 2024-25 के शैक्षणिक वर्ष खातिर दसवीं आ बारहवीं कक्षा के बोर्ड परीक्षा 15 फरवरी शनिचर से शुरू हो चुकल बा.  42 लाख से अधिका विद्यार्थी इs परीक्षा में दीहें.  सीबीएसई बोर्ड परीक्षा 2025 भारत के 7,842 केंद्र के संगे दुनिया के 26 देश में होई।

42 लाख से जादा छात्र परीक्षा दिहें

सीबीएसई के साझा आंकड़ा के मुताबिक 84 विषय में 10 कक्षा के कुल 24,12,072 छात्र परीक्षा में शामिल होईहे, जबकि 120 विषय में 17,88,165 कक्षा 12 छात्र शामिल होईहे।  एह परीक्षा में शामिल विद्यार्थियन के कुल संख्या 42,00,237 बा जवन पिछला साल के कुल 38,85,542 से 3,14,695 अधिका बा.

सीबीएसई के बोर्ड परीक्षा के पहिला दिन दसवीं कक्षा के छात्र सबेरे साढ़े दस बजे से दुपहरिया 1:30 बजे ले अंग्रेजी (संचार) आ अंग्रेजी (भाषा आ साहित्य) के पेपर खातिर बइठिहें.  एही बीच कक्षा 12 के छात्र एही पाली में उद्यमिता के पेपर खातीर हाजिर होईहे।  दसवीं कक्षा के सीबीएसई बोर्ड परीक्षा 18 मार्च के खतम होखी जबकि बारहवीं कक्षा के सीबीएसई बोर्ड परीक्षा 4 अप्रैल के खतम होखी.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

परीक्षा केंद्र पs प्रवेश खातिर दिशानिर्देश

सीबीएसई के अधिकारी के मुताबिक परीक्षा केंद्र में सबेरे दस बजे के बाद छात्र के प्रवेश ना दिहल जाई अवुरी परीक्षा खतम होखला के बाद दुपहर 1:30 बजे से पहिले बाहर ना जाए दिहल जाई।

नियमित छात्र के आपन एडमिट कार्ड के संगे-संगे स्कूल के पहचान पत्र ले आवे के कहल गईल बा, जबकि निजी छात्र के आपन एडमिट कार्ड अवुरी सरकार के ओर से जारी कवनो फोटो पहचान पत्र देखावे के होई।  एकरा अलावे नियमित छात्र के स्कूली ड्रेस पहिने के होई, जबकि निजी छात्र हल्का कपड़ा पहिन सकेले।

मोबाइल फोन, ब्लूटूथ डिवाइस, ईयरफोन, माइक्रोफोन, स्मार्टवॉच, वॉलेट, गॉगल्स, हैंडबैग और पाउच जइसन उपकरण परीक्षा केंद्र के अंदर नाहीं ले जा सकिहें.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गोरखनाथ मंदिर के बाटे बहुते रोचक इतिहास, जानीं काहें चढ़ावल जाला मकर संक्रांति के दिने खिचड़ी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]