Gorakhpur: ‘स्वच्छता ही सेवा है’ थीम पs आधारित D.A.V.पीजी कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के शुभारंभ

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2025

Gorakhpur: आजु डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के शुभारंभ भइल. प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में इs कार्यक्रम

Share

डी.ए.वी.पीजी कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर

Gorakhpur: आजु डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के शुभारंभ भइल. प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में इs कार्यक्रम सम्पन्न कइल गइल।

प्रथम दिवस के कार्यक्रम

प्रथम दिवस के कार्यक्रम “स्वच्छता ही सेवा है” थीम पs आधारित रहे। कवनो कार्य के सुरुआत सर्वप्रथम स्वच्छता से ही होला, अइसन भावना के साथ सभ स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग विशेष शिविर स्थल,दयानंद शिशु सदन, मुफ्तीपुर, गोरखपुर में सफाई अभियान चलावल. विद्यालय प्रांगण आ कमरन के सफाई कइल गइल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

प्रथम दिवस के कार्यक्रम "स्वच्छता ही सेवा है"
प्रथम दिवस के कार्यक्रम “स्वच्छता ही सेवा है”

प्रथम दिवस के बौद्धिक परिचर्चा सत्र में कार्यक्रम के उद्घाटन समारोह में मुख्य अतिथि के रूप में डॉ नरेंद्र प्रसाद गुप्ता,अपर डायरेक्टर हेल्थ(गोरखपुर मंडल) स्वयंसेवक आ स्वयं सेविकाओं के प्रोत्साहन एवं मार्गदर्शन हेतु उपस्थित रहे। कार्यक्रम के संचालन कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता द्वारा कइल गइल।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

आपन कर्तव्य निभावल हमनी के सबसे बड़ पूंजी:मुख्य अतिथि

प्रथम दिवस के कार्यक्रम
प्रथम दिवस के कार्यक्रम

एह अवसर पs मुख्य अतिथि के स्वागत वक्तव्य डॉक्टर संजय कुमार मिश्रा, इतिहास विभाग द्वारा कइल गइल। डॉ नरेंद्र प्रसाद गुप्ता आपन अकादमिक करियर के अनुभव के व्यक्त करत कहले कि “हमनी के कवनो व्यवसाय में होखी जा, अगर हमनी के आपन कर्तव्य बढ़िया से निभावत बानी जा तs इहे हमनी के सबसे बड़ पूंजी बा। विदेश से जादे खुशी उनुका गोरखपुर के डॉक्टर के रूप में सेवा देवे से मिलल बा।”
धन्यवाद ज्ञापन डा॰ संजय कुमार पाण्डेय जी दिहले. उs सभे स्वयंसेवक अवुरी स्वयंसेविका लोग के एनएसएस के स्थापना अवुरी महत्व के बारे में जागरूक कईले। उs कहले कि युवा के ऊर्जा के राष्ट्र निर्माण में उपयोग करे खातीर राष्ट्रीय सेवा योजना के स्थापना कईल गईल बा। एह मौका पs दीपाली,कात्यायनी,सुषमा, नाजिया, विनय,विवेक आ अमन समेत सगरी स्वयंसेवक अवुरी स्वयंसेविका लोग मौजूद रहले.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.