[the_ad_group id="30365"]

Terror Attack in Doda: Reasi आ Kathua के बाद अब Doda में Terrorist Attack

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुरक्षाबल जिला डोडा में अपना आतंकरोधी अभियान के जारी रखत बुध के एगो आतंकी के मार गिरावल लो। ओकरा आउर साथियन के खिलाफ सुरक्षाबल आपन अभियान जारी रखले बा लो। मारल गइल आतंकी के तत्काल पहचान नइखे हो पाइल, बाकिर ओकर बिदेसी होखे के संभावना बा।

आतंकियन के खिलाफ सुरक्षाबल के चल रहल बा अभियान

जिला डोडा के छत्तरगला आ गंदोह में 11 आ 12 जून के आतंकी सुरक्षाबलन के चौकियन पs दु गो हमला कइले रहलें सs। एह हमलन में छव सुरक्षाकर्मी घायल भइल रहे लो।

संबधित अधिकारी बतावल लो कि डोडा में छिपल आतंकियन के खिलाफ सुरक्षाबल एगो अभियान चला रहल बा लो। एही अभियान के तहत जिला के अलग-अलग क्षेत्रन में तलाशी लिहल जा रहल बा।

सबेरे जवानन पs कइले रहs सs फायरिंग

आज सबेरे पता चलल कि गंदोह के बजर सिन्नू इलाका में आतंकियन के एगो दल देखल गइल बा। सुरक्षाबल तुरंत सिन्नू के रुख कइल लो। आतंकी जवानन के अपना ठिकानन के तरफ से आवत देखले उनका पs फायरिंग करत उहां से भागे के प्रयास कइले सs।

जवान खुद के बचावत जवाबी फायर कइल लो आ एकरा संगही उहां मुठभेड़ सुरु हो गइल। कुछे देर में सुरक्षाबल एगो आतंकी के मार गिरावल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]