[the_ad_group id="30365"]

Israel Hamas war: गाजा में मचल तबाही के बाद लइकन के बा सबसे खराब हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इजरायल आ हमास के बीच लड़ाई जारी बा. युद्ध के चलते गाजा पूरा तरह से तबाह हो गईल बा। लोग के ना तs खाना मिल रहल बा ना पानी पीये खातिर। संयुक्त राष्ट्र के ओर से दिहल गईल सहायता के बावजूद लोग परेशानी में बाड़े। युद्ध के चलते महिला अवुरी बच्चा के हालत सबसे खराब बा। हालात अइसन बा कि इलाज खातिर कवनो अस्पताल नइखे बचल. युद्ध के एह माहौल में अब इजरायल के बहुते नुकसान भइल बा. इजरायली अधिकारी कहले बाड़न कि गाजा पट्टी के एकमात्र रास्ता मई में बंद हो गइल रहे. बाकिर अब पहिला बेर 68 गो बेमार आ घायल लइकन के गाजा पट्टी से मिस्र जाए के इजाजत मिल गइल बा आ इलाज खातिर.

अमेरिका, मिस्र आ अंतर्राष्ट्रीय समुदाय एहमें पहल कइलस

फिलिस्तीनी नागरिकन से जुड़ल मामिला खातिर जिम्मेदार इजरायली सैन्य निकाय कॉर्डिनेटर ऑफ गर्वनमेंट एक्टिविटिज इन द टेरेटरीज’ बियफ़ें के कहलस कि ई काम अमेरिका, मिस्र आ अंतर्राष्ट्रीय समुदाय के अधिकारियन के समन्वय से कइल गइल बा। गाजा पट्टी से केरेम शालोम सीमा मार्ग पार से होके लइकन आ ओह लोग के साथियन के निकालल गइल आ मरीजन के इलाज खातिर मिस्र आ दोसरा देशन में उड़ान भर के ले जाइल गइल.

लोग के इलाज के जरूरत बा 

लगभग नौ महीना से चलत इजरायल-हमास के टकराव से गाजा के स्वास्थ्य क्षेत्र के सबले बेसी नुकसान भइल बा. अधिकांश अस्पताल के बंद करे के पड़ल बा। स्वास्थ्य अधिकारी के कहनाम बा कि हजारों लोग के इलाज खातीर विदेश में उड़ान भरला के जरूरत बा, जवना में सैकड़ों लोग के तुरंत इलाज के जरूरत बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]