[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: बहुत दिन से बनवावत रहे फर्जी पासपोर्ट, दिल्ली पुलिस एजेंट के गोरखपुर से कइलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फर्जी आधार कार्ड के जरिए एगो युवक के पासपोर्ट बनवा के ओकरा के बैंकाॅक भेजे के कोशिश करे वाला एजेंट के नई दिल्ली के आईजीआई एयरपोर्ट थाना पुलिस गोरखपुर से गिरफ्तार कइले बा। एजेंट ले पहचान गोरखपुर के मंगलपुर गांव निवासी अरविंद पांडेय के रूप में भइल बा । एकरा से पहिले पुलिस गोरखपुर के रहे वाला एगो यात्री के दिल्ली हवाई अड्डा से गिरफ्तार कइले रहे, जवन फर्जी पासपोर्ट के जरिए बैंकाॅक जाए करबकोशिश करत रहे।

गोरखपुर में फर्जी पासपोर्ट बनावे वाला गिरोह सक्रिय बा। हाले के दिनन में शिकायत के बाद पुलिस फर्जी पासपोर्ट बनाके लोगन के विदेश भेजे के नांव पs रूपिया हड़पे वाला आठ एजेंटन के गिरफ्तार कऽ के जेल भेजलस। फर्जीवाड़ा के रोके खातिर एसएसपी पासपोर्ट बनावे वाली रजिस्टर्ड फर्म के नांवो जारी करववले रहे।

ताकि लोग सही जगह पs जास आ ठगी के शिकार ना हो पावस। एकरा बादो लोग ऑनलाइन संपर्क कऽ के ठगी के शिकार हो रहल बा । एसएसपी डॉ गौरव ग्रोवर बतवले कि एजेंट के गिरफ्तारी के जानकारी नइखे, हो सकऽता कि थाना स्तर पs सूचना देके आईजीआई एयरपोर्ट थाना पुलिस गिरफ्तारी कऽ के चल गइल होखे।

उहे गिरफ्तारी के बारे में दिल्ली पुलिस अधिकारी बतवले कि 9 जून के देर रात यूपी के देवरिया के शांति नगर गांव के निवासी अश्वनी कुमार (46 साल) बैंकाक जाए खातिर एयरपोर्ट आइल रहले। इमिग्रेशन अधिकारी यात्रा दस्तावेज आ पासपोर्ट के जांच कइले। उनकर उमिर पासपोर्ट में दिहल गइल उमिर से मेल ना खात रहे।

जब मामला संदिग्ध हो गइल तऽ अधिकारी ओ लोग से पूछताछ कइले, जवना में पाता चलल कि यात्री के नाम सागर गुप्ता (38 साल) हऽ। उऽ गोरखपुर के खकरी गांव के रहे वाला हउवें। यात्री के पुलिस के हवाले कऽ दिहल गइल। आईजीआई एयरपोर्ट थाना सागर के खिलाफ धोखाधड़ी के मामला दर्ज कऽ के गिरफ्तार कऽ लेलस।

पूछताछ के दौरान सागर बतवले कि उनकर साला बहुत साल से बैंकाक में रह के बहुते पइसा कमा तावे। उहो बेहतर रोजी-रोटी खातिर बैंकाक जाए के फैसला कइले। जनवरी 2020 में उऽ टूरिस्ट वीजा पs बैंकाक गइलें आ कुछ दिन उहाँ कामो कइलें।

उऽ जुलाई 2021 में वीजा खतम होखला के बाद भारत आ गइले। अब उनकर मन फेर से बैंकाक जाए के रहे। उनकर साला एजेंट अरविंद पांडे से मिले के कहलें। अरविंद सागर से बतवले कि ढेर उमिर के लोग खातिर वीजा तेजी से बनावल जाला, एहीसे उऽ एक लाख रुपया देके आपन आधार कार्ड फर्जी नांव आ पता से बनावा लेले। फेर एही आधार पs पासपोर्ट बनवला के बाद वीजा के इंतजाम भइल, बाकिर एयरपोर्ट पs पकड़ा गइलें।

थाना प्रभारी विजेन्द्र राणा के नेतृत्व में पुलिस टीम अरविंद के तलाश में जुट गइल रहे। तकनीकी जांच में पाता चलल कि अरविंद गोरखपुर में रहले। गोरखपुर के एगो जगह से पुलिस आरोपी एजेंट अरविंद पांडेय के गिरफ्तार कऽ लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]