[the_ad_group id="30365"]

सुनीता विलियम्स के सुरक्षित वापसी पs ISRO जतवलस खुशी, जानीं का कहलस

सुनीता विलियम्स
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर 9 महीना अंतरिक्ष में बितावे के बाद सुरक्षित रूप से पृथ्वी पd वापस आ गईल बाड़े।  उनुका वापसी पs भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) कहलस कि, “सुनीता विलियम्स के वापसी के स्वागत बा! अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन (आईएसएस) पs विस्तारित मिशन के बाद आपके सुरक्षित वापसी एगो उल्लेखनीय उपलब्धि बा।”  नासा, स्पेसएक्स, आ अमेरिका के प्रतिबद्धता के ई एगो अद्भुत उदाहरण बा जवना के सुनीता अपना बेजोड़ हिम्मत आ समर्पण से पूरा कइली.

इसरो दिहलस बधाई


खुशी जतावत भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के अध्यक्ष कहलन कि हम अपना साथियन के तरफ से सुनीता विलियम्स के हार्दिक शुभकामना देत बानी आ उनुका उपलब्धियन के सम्मान करत बानी.  इनकर काम एगो प्रेरणा हs, जवन भविष्य में अंतरिक्ष के क्षेत्र में भारत के नीति के अउरी मजबूत करी।  इसरो कहलस कि, भारत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में विकसित राष्ट्र बने के दिशा में काम कर रहल बा, एह दिशा में हमनी के अंतरिक्ष अन्वेषण में आपके विशेषज्ञता के इस्तेमाल कईल चाहतानी।

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]