UP IPS Transfer: UP में फेर बड़ फेरबदल, 7 IPS अधिकारियन के भइल ट्रांसफर, देखी लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

एक बेर फेरु उत्तर प्रदेश में तबादला सूची जारी हो गइल बा. अब 7 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा. आईपीएस बबलू कुमार के जॉइंट पुलिस कमिश्नर (लॉ एंड ऑर्डर) लखनऊ बनावल गइल

Share

UP IPS Transfer

एक बेर फेरु उत्तर प्रदेश में तबादला सूची जारी हो गइल बा. अब 7 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा. आईपीएस बबलू कुमार के जॉइंट पुलिस कमिश्नर (लॉ एंड ऑर्डर) लखनऊ बनावल गइल बा.

*उपेंद्र कुमार अग्रवाल के पुलिस सुरक्षा महानिरीक्षक बना दिहल गइल बा लखनऊ के. एकरा से पहिले उs पुलिस महानिरीक्षक, आर्थिक अपराध के रूप में काम करत रहले।

*विनोद कुमार सिंह के कानपुर नगर के अपराध आयुक्तालय के अपर पुलिस आयुक्त बनावल गइल बा.  एकरा से पहिले उs लखनऊ के पुलिस सुरक्षा महानिरीक्षक के पद पs रहले।

*अमित वर्मा के लखनऊ के पुलिस अपराध के संयुक्त आयुक्त बनावल गइल बा.  एकरा से पहिले उs संयुक्त पुलिस आयुक्त (लॉ एंड ऑर्डर) लखनऊ के पद पs रहले।

*बबलू कुमार के संयुक्त पुलिस आयुक्त, कानून व्यवस्था पुलिस आयुक्त बनावल गईल, एकरा से पहिले उs संयुक्त पुलिस आयुक्त, अपराध अवुरी मुख्यालय पुलिस आयुक्त रहले।

*प्रदीप कुमार के आर्थिक अपराध अनुसंधान संगठन वाराणसी के पुलिस अधीक्षक बनावल गईल।  एकरा से पहिले एएनटीएफ मुख्यालय लखनऊ में पुलिस अधीक्षक के पद पs तैनात रहले।

*एसम कासिम आबिदी के पुलिस उपायुक्त कानपुर नगर के बनावल गइल बा एकरा से पहिले ऊ पुलिस अधीक्षक, सतर्कता अधिष्ठान उत्तर प्रदेश, लखनऊ के पद पs काम करत रहले. 

*मनोज कुमार अवस्थी के पुलिस अधीक्षक कानून व्यवस्था, पुलिस महानिदेशक लखनऊ बनावल गइल बा.  एकरा से पहिले उs पुलिस अधीक्षक/अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक, ग्रामीण शाहजहांपुर रहले।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.