[the_ad_group id="30365"]

चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उमर बढ़ला के संगे चेहरा प झुर्री देखाई देवे लागेला।  चमड़ी लटकल शुरू हो जाला।  महीन रेखा लउके लागेला। इs बुढ़ापा के संकेत देवेला, बाकिर सही देखभाल से उमर कम कईल जा सकता।  एकरा खातिर आहार में अयीसन चीज़ शामिल करीं जवन कि कोलेजन के बढ़ावेला।  कोलेजन हमनी के त्वचा के लचीला बनावेला। एहसे त्वचा में लोच मिलेला। रोजाना अपना आहार में आंवला अवुरी नींबू के पानी शामिल करीं।  तिल के बीज के भी इस्तेमाल करीं।  आज हम रउआ लोग के बतावत बानी कि सफेद तिल से बनल एगो मास्क जवन त्वचा खातिर प्राकृतिक बूस्टर के काम करी अवुरी त्वचा के लोच वापस पावे में मदद करी। 

त्वचा के कसे वाला फेस मास्क

मास्क तैयार करे खातिर 2 चम्मच सफेद तिल, 2 चम्मच मूंगफली अवुरी 1 चम्मच जैतून के तेल लेवे के चाही।  तीनों चीज़ के साफ मिक्सर में डाल के बढ़िया से पीस लीं।  पीसला के बाद महीन मिश्रण तैयार हो जाई। 

मास्क लगावे के बाद फेस मालिश करीं

अब एह मिश्रण के गिलास के कटोरी में डाल के ओकरा में 1 चम्मच शहद डाल के पेस्ट बनाईं।  एह पेस्ट के अपना चेहरा पs पेस्ट निहन लगाई। अब हल्का मालिश करे के बा।  मालिश खातिर अंगूठा निकाल के मुट्ठी निहन बनाई अवुरी ठोड़ी के आसपास से त्वचा के ऊपर के ओर उठाईं।  मालिश करे खातिर अँगुरी के जोड़ के इस्तेमाल करीं।  10 मिनट पूरा चेहरा के बढ़िया से मालिश कईला के बाद चेहरा पs मास्क के मोट परत लगाई।

मास्क कइसे निकाली

मास्क लगावे के बाद 1 घंटा ले रखे के चाही।  सुखला के बाद चेहरा के पानी से हल्का से गीला कs के स्क्रब निहन साफ ​​कs लीही।  अब साफ पानी से चेहरा धोवे के बाद भाप ले लीं।  स्टीमर में कुछ पुदीना के पत्ता डाल दीं।  कुछ देर ले एह भाप  के बाद चेहरा के तौलिया से ढंक लीं। एकरा के 10 मिनट ले अयीसन राखी अवुरी ओकरा बाद तौलिया के अपना चेहरा से निकाल लीं।  कुछ दिन में अंतर देखाई देवे लागी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]